केंद्रीय कर्मचारियन खातिर बड़ खुशखबरी, पेंशन पs सरकार लेलस ई फैसला

Share

केन्द्र सरकार के कर्मचारियन खातिर बड़ खुशखबरी बा। दरअसल, सरकार के अधीन आवे आला कार्मिक मंत्रालय केंद्रीय कर्मचारियन के चुनिंदा समूह के पुरान पेंशन योजना चुने के वन-टाइम ऑप्शन दिहल गइल बा।

आदेस के मोताबिक 22 दिसंबर, 2003 से पहिले विज्ञापित भा अधिसूचित पदन खातिर केंद्रीय सेवा में सामिल होखे वाला कर्मचारियन के ई ऑप्शन मिली। एह ऑप्शन के चुने खातिर 31 अगस्त, 2023 तक मवका मिलल बा।

जे ना चुन सकी ओकर का होई:

ऊ सरकारी कर्मचारी जवन ऑप्शन के उपयोग करे खातिर पात्र बा, बाकिर निर्धारित तिथि तक एह ऑप्शन के प्रयोग नइखे करत, ओकरा राष्ट्रीय पेंशन प्रणाली माने एनपीएस द्वारा कवर कइल जारी रही। आदेस में कहल गइल बा कि एक बेर चुनल गइल ऑप्शन अंतिम होई।

जदि सरकारी कर्मचारी सीसीएस (पेंशन) नियम, 1972 (अब 2021) के तहत कवरेज के शर्तन के पूरा करत बा, तs एह संबंध में जरूरी आदेस 31 अक्टूबर, 2023 तक जारी कइल जाई। ओहिजा, जवन सरकारी कर्मचारी एह ऑप्शन के चुन लेत बा ओकरा एनपीएस खाता के 31 दिसंबर, 2023 से बंद कs दिहल जाई।

14 लाख से बेसी केंद्रीय आ राज्य सरकार के कर्मचारियन के संस्था नेशनल मूवमेंट फॉर ओल्ड पेंशन स्कीम (NMOPS) सरकार के फैसला के स्वागत कइले बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-