एशिया कप के बीच में बड़ खबर, पाकिस्तान के एह क्रिकेटर अचानक कइले क्रिकेट से संन्यास के ऐलान

Share

 

एशिया कप 2023 में हर दिन एक से अधिका मैच देखल जा रहल बा। जहां नेपाल के खिलाफ पहिला मैच में पाकिस्तानी टीम के बड़ जीत मिलल। एही घरी टीम इंडिया के खिलाफ पाकिस्तान के दुसरका मैच बरखा के चलते बराबरी पs खतम हो गइल। जहाँ एक ओर एशिया कप में पाकिस्तान टीम शानदार प्रदर्शन कs रहल बिया त दोसरा तरफ ओह लोग के टीम के एगो अनुभवी खिलाड़ी क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइले बाड़न।

पाकिस्तानी गेंदबाज रिटायरमेंट ले लिहले

पाकिस्तान के तेज गेंदबाज सोहेल खान अतवार के दिने अंतर्राष्ट्रीय आ प्रथम श्रेणी के क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइलन बाकिर घरेलू सफेद गेंद टूर्नामेंट आ फ्रेंचाइजी आधारित लीग में खेलत रहीहें। मालाकंद के रहे वाला 39 साल के इ खिलाड़ी 2008 से 2016 ले अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट खेलले रहले। एह दौरान ऊ पाकिस्तान खातिर 9 गो टेस्ट, 13 गो वनडे आ 5 गो टी-20 मैच खेलले रहलें। खान टेस्ट में 27, वनडे में 19 आ सबसे छोट फॉर्मेट में 5 विकेट लेले।

भारत के खिलाफ 5 विकेट लेले रहले

एडिलेड में 2015 के आईसीसी विश्व कप के पूल मैच में सोहेल भारत के खिलाफ पांच विकेट लेले रहले। बाकिर एह मैच में विराट कोहली के 107 रन के बदौलत टीम इंडिया पाकिस्तान के खिलाफ मैच आसानी से जीत लिहले। सोहेल अपना करीबी लोग से चरचा कइला के बाद सोशल मीडिया पs रिटायरमेंट के एलान कइलन।

उ ट्विटर पs लिखले कि अपना करीबी लोग से सावधानी से परामर्श के बाद हम अंतरराष्ट्रीय अवुरी प्रथम श्रेणी के क्रिकेट से संन्यास लेवे के फैसला कईले बानी। पीसीबी, हमरा परिवार, कोच, मार्गदर्शक, टीम के साथी, प्रशंसक आ हमरा के साथ देबे वाला सभे के बहुत बहुत धन्यवाद। घरेलू सफेद गेंद आ फ्रेंचाइजी खेलत रहब।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-