जयपुर। राजस्थान के भरतपुर में बड़ हादसा हो गइल। कासगंज से जयपुर जात स्लीपर बस घना कोहरा के चलते सड़क पs खड़ा ट्रेलर से जा टकराइल। एह दर्दनाक हादसा में चार लोगन के जान चल गइल आ पांच यात्री घायल हो गइलें।
पुलिस बतवले बिया कि भरतपुर जिला के आगरा-जयपुर नेशनल हाईवे पs सेवर पुल के लगे बुध के रात घना कोहरा रहे। ओही दौरान यूपी के कासगंज से जयपुर जात बस सामने खड़ा ट्रेलर ट्रक से भिड़ गइल। हादसा में माई-बेटा सहित चार जन के मौत हो गइल। मरनिहारन में एगो महिला आ ओकर आठ बरिस के बेटा सामिल बा।
कइसे आ कब भइल हादसा?
ई दुर्घटना बुध के रात सेवर पुल लगे भइल। बस कासगंज (उत्तर प्रदेश) से चल के जयपुर जात रहे। सेवर थाना के इंस्पेक्टर सतीश शर्मा बतवलें कि घायलन के इलाज खातिर आरबीएम अस्पताल भेजल गइल बा, जबकि मृत देह के मोर्चरी में रखल गइल बा। मृतकन के परिवार के खबर दे दिहल गइल बा, परिवार के अइला के बाद पोस्टमार्टम कइल जाई।
यूपी के रहनिहार रहे लोग मृतक
पुलिस के मोताबिक, मरे वाला लोगन में उत्तर प्रदेश के मथुरा जिला के सतोवा गांव के गीता (38), उनकर बेटा कान्हा (8), अलवर जिला के कठूमर के बस ड्राइवर मुखन सिंह (28) आ कासगंज के रहनिहार मुस्लिम (40) सामिल बाड़ें।
कोहरा बनल हादसा के कारण
सुरुआती जांच में सामने आइल बा कि हादसा के समय घना कोहरा छाइल रहे। पुलिस बतवलें कि ट्रेलर ट्रक खराब हो गइल रहे आ बिना बैरिकेड आ चेतावनी संकेत लगावल सड़क पs खड़ा रहल, जवन एह हादसा के मुख्य कारण बनल।
Read Also: Rupee Vs Dollar : रुपिया के लागल बड़ झटका, डॉलर के मुकाबले गिर के 92 पs पहुंचल, जानीं का बा कारण









