[the_ad_group id="30365"]

Colombia Plane Crash : कोलंबिया में उड़ान के कुछे मिनट बाद क्रैश भइल विमान, वेनेजुएला के लगे पहाड़ी इलाका में 15 जिंदगियन के मौत

Colombia plane crash in Norte de Santander province where 15 passengers and crew lost their lives
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। कोलंबिया के उत्तर-पूर्वी हिस्सा में इस्थित नोर्टे दे सांतांदेर प्रांत के एगो ग्रामीण इलाका में बुध के दिन एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एह हादसा में विमान में सवार सब 15 लोगन के मौत हो गइल। स्थानीय अधिकारी एह घटना के पुष्टि कइले बा लोग। दुर्घटनाग्रस्त विमान सरकारी एयरलाइन साटेना के रहे।

स्थानीय लोग सबसे पहिले प्रशासन के जानकारी देलस कि विमान क्यूरासिका इलाका में गिरल बा। सूचना मिलतही तुरंत राहत आ बचाव दल के रवाना कइल गइल। बाकिर जब टीम घटनास्थल पs पहुंचल, तs कोलंबिया के परिवहन मंत्रालय बतवलस कि एह हादसा में कवनो यात्री भा क्रू मेंबर जिंदा नइखे बचल।

विमान में सवार यात्री आ क्रू मेंबर्स के नाम

यात्री:
मारिया अल्वारेज बारबोसा, कार्लोस साल्सेडो, रोलैंडो पेनालोजा ग्वाल्ड्रोन,
मारिया डियाज रोड्रिगेज, मायरा एवेंडानो रिनकॉन, अनायेसेल क्विंटेरो, करें पैरालेस वेरा,
एनिरली जूलियो ओसोरियो, गिनेथ रिनकॉन, डायोजनीज क्विंटेरो अमाया,
नतालिया अकोस्टा साल्सेडो, माइरा सांचेज क्रिएडो, जुआन पाचेको मेजिया

क्रू मेंबर्स:
कैप्टन मिगुएल वेनेगास, कैप्टन जोस डे ला वेगा

उड़ान के कुछे मिनट बाद ATC से टूटल संपर्क

मिलल जानकारी के अनुसार, विमान सबेरे 11:42 बजे कुकूता शहर के एयरपोर्ट से उड़ान भरले रहे। ओकर गंतव्य ओकान्या शहर रहे, जवन पहाड़ी इलाका में बसल बा। आमतौर पs ई सफर करीब 40 मिनट में पूरा हो जाला। बाकिर उड़ान भरतही कुछे मिनट बाद विमान के एयर ट्रैफिक कंट्रोल से संपर्क टूट गइल। एह समय विमान में कुल 15 लोग सवार रहे, जवना में 13 यात्री आ 2 क्रू मेंबर सामिल रहे लोग।

हादसा के कारणन के जांच जारी

यात्रियन में एगो प्रमुख नाम डायोजेनेस क्विंटेरो के रहे, जे अपना इलाका में आंतरिक सशस्त्र संघर्ष के पीड़ितन के प्रतिनिधित्व करत रहलें। उनका मौत से स्थानीय लोगन में गहिराह दुख आ चिंता देखे के मिल रहल बा। विमान के रजिस्ट्रेशन नंबर HK4709 बतावल जा रहल बा। फिलहाल ई साफ नइखे हो सकल कि हादसा तकनीकी खराबी, मौसम खराब होखे भा कवनो आउर वजह से भइल। जांच एजेंसी सब पहलूअन से एह घटना के जांच कs रहल बाड़ी सs।

Read Also: UP News : यूपी में बिजली उपभोक्तन के लागल झटका, फरवरी में 10 फीसदी जादे देवे के पड़ी बिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]