भारत जोड़ो यात्रा: राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के दिग्विजय सिंह कहलें ‘बरात’, कांग्रेसी लोग लगावल ठहाका

Share

राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के संयोजक अउर मध्यप्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री दिग्विजय सिंह अपने बयान के ले के अक्सर सुर्खी में रहेने। कोटा एयरपोर्ट पर दिग्विजय सिंह भारत जोड़ो यात्रा के ‘बरात’ कहनें त कांग्रेसी नेता लोग जम के ठहाका लगवलें। हालांकि, अब दिग्विजय सिंह यात्रा के बरात बोल के विपक्ष के मुद्दा दे दिहले बानें।

दरअसल भइल यूं कि राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के अतवार के राजस्थान में पदार्पण भइल। एह मौका पर राहुल गांधी के स्वागत खातिर फ्लाइट से राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत, पार्टी के राष्ट्रीय महासचिव केसी वेणुगोपाल, मध्यप्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री दिग्विजय सिंह, पूर्व केंद्रीय मंत्री जयराम रमेश अइलें।

सब नेता कोटा एयरपोर्ट पर कुछ देर खातिर रुकल रहनें। ई सब लोग कोटा एयरपोर्ट पर विमान से उतरल त एयरपोर्ट के लॉज में कुछ देर आराम करे पहुंचल रहे। एही दौरान दिग्विजय सिंह राजस्थान सरकार में यूडीएच मंत्री शांति धारीवाल के कहनें- ‘शांति, आजु से बरात सम्हारs।’ शोर शराबा में ई आवाज शांति धारीवाल के साफ सुनाई नाइ दिहल।

मंत्री शांति धारीवाल दोबारा दिग्विजय सिंह से पुछलें- ‘का कहतनीं?’ त दिग्विजय सिंह दुबारा कहनें- ‘आजु से बरात सम्हारs।’ ई बात सुन के मंत्री शांति धारीवाल पलट के जवाब दिहलें कि ‘सब तैयारी बा साहब।’ एकरे बाद उहां मौजूद नेता लोग जम के ठहाका लगावल। कांग्रेस नेता राहुल गांधी कुंवार बानें। उनकर बियाह नइखे भइल। अइसे में भारत जोड़ो यात्रा के ‘बरात’ कहले से दिग्विजय सिंह बीजेपी के बड़ मुद्दा हाथ में सौंप दिहले बानें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-