बंगलूरू में जल संकट: स्वीमिंग पूल में इस्तेमाल कइल पीए के पानी तs लागी जुर्माना, प्रशासन दिखईलस सख्ती

Share

कबो गार्डन सिटी के नाम से जानल जाए वाला बेंगलुरु आज पानी के हर बूंद खातिर तरस रहल बा। गर्मी के आवे से पहिले भी शहर में पानी के संकट अउरी गहिराह हो गईल बा। ई खाली बंगलौर खातिर ना बलुक पूरा देश खातिर चिंता के विषय बा। कुछ इलाका में हालात अतना खराब हो गइल बा कि स्कूल बंद हो गइल बा। एतने ना, हाल ही में बेंगलुरु वाटर सप्लाई एंड सीवरेज बोर्ड (बीडब्ल्यूएसएसबी) स्विमिंग पूल में पिए के पानी के इस्तेमाल पs रोक लगा देले बा। संगही चेतावनी दिहल गईल कि जदी एs आदेश के उल्लंघन भईल तs पांच हजार रुपिया के जुर्माना लगावल जाई।

इनका पs प्रतिबंध

एकरा से पहिले कर्नाटक वाटर सप्लाई एंड सीवरेज बोर्ड कार धोवे, बागवानी, भवन, पानी के फव्वारा भा सड़क निर्माण अवुरी रखरखाव खातीर पीये के पानी के इस्तेमाल पs रोक लगा देले रहे।

एतना भीषण सूखा कबो ना देखल गइल

बेंगलुरु में पानी के तीव्र कमी के बीच उपमुख्यमंत्री डीके शिवकुमार सोमार के कहले कि पछिला तीन-चार दशक में राज्य में अयीसन भयंकर सूखा कबहूँ नईखे देखल गईल। उs कहले कि, हमनी के पछिला 30-40 साल में अयीसन सूखा नईखी देखले। हालांकि पहिले भी सूखा के स्थिति रहे, लेकिन हमनी के एतना बड़ संख्या में तालुका के कबो सूखा से प्रभावित घोषित ना कईले रहनी।

पानी के सबसे खराब संकट के सामना करे वाला शहर

शहर में पानी के सबसे खराब संकट के सामना करे के पड़ता। जल बोर्ड स्थिति सुधारे खातिर लगातार लागल बा। एकरा खातिर उs एके के बाद प्रतिबंध लगावत बाड़े। एह हालात से निपटे के मकसद से अनधिकृत बोरवेल खोदे वाला लोग के खिलाफ कानूनी कार्रवाई शुरू करे के चेतावनी दिहले बा। बेंगलुरु वाटर सप्लाई एंड सीवरेज बोर्ड के ओर से गाड़ी के सफाई समेत गैर जरूरी काम खाती पीये के पानी के इस्तेमाल पs रोक लगावे के कुछ दिन बाद इs कदम उठावल गईल बा।

15 मार्च तक आवेदन जमा करावे के होई

बीडब्ल्यूएसएसबी अपना ताज़ा आदेश में कहलस कि 15 मार्च से लोग के अपना आधिकारिक वेबसाइट पs आवेदन देके बोरवेल खोदे के अनुमति लेवे के होई। संबंधित अधिकारी के ओर से स्थल निरीक्षण के आधार पs मंजूरी दिहल जाई।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-