बंगलूरू भगदड़ के बाद BCCI सख्त, सैकिया के अध्यक्षता में बनवलस समिति; विजयी यात्रा खातिर बनी नियम

Share

स्पोर्ट्स डेस्क : बंगलूरू भगदड़ के बाद भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) सख्त फैसला लेत सचिव देवजीत सैकिया के अध्यक्षता में तीन सदस्यीय समिति के गठन कइले बा। ई समिति 15 दिन के भीतर कवनो तरे के विजयी यात्रा के लेके दिशा-निर्देश तइयार करी।

बीसीसीआई कइलस तीन सदस्यीय समिति के गठन

बीसीसीआई के सनिचर के शीर्ष परिषद के 28वां बैठक भइल। एह दौरान बोर्ड बंगलूरू आ अहमदाबाद में भइल हादसा पs दुख जतवलस। एह बैठक में बीसीसीआई विजयी यात्रा के लेके दिशा-निर्देश बनावे के जिम्मेदारी तीन सदस्यीय समिति के देलस। बोर्ड देवजीत सैकिया के अध्यक्षता में समिति के गठन कइले बा, जेमे प्रभतेज सिंह भाटिया आ राजीव शुक्ला सामिल होई लोग। समिति 15 दिन के भीतर दिशा निर्देश तइयार करी।

बंगलूरू हादसा में भइल रहे 11 लोगन के मौत

बंगलूरू में चार जून के आईपीएल के विजेता टीम आरसीबी के जीत के जश्न कार्यक्रम के दौरान मचल भगदड़ में 11 लोगन के मौत हो गइल रहे, जबकि 50 से जादे लोग घायल हो गइल रहे। एकरा बाद कर्नाटक सरकार मृतकन के परिवारन के 10-10 लाख रुपिया मुआवजा देवे के एलान कइले रहे। हालांकि, बाद में ई राशि बढ़ा दिहल गइल आ ओकरा के 25-25 लाख कs दिहल गइल। ओहिजा, आरसीबी एह हादसा में मारल गइल लोगन के परिजन खातिर 10-10 लाख रुपिया के मुआवजा के एलान कs चुकल बिया।

Read Also: WTC Final: डब्ल्यूटीसी फाइनल के मेजबानी के भारत के उम्मीदन के लागी झटका? ICC-इंग्लैंड में हो सकत बा ई करार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-