IAF के विंग कमांडर पs जानलेवा हमला, अब पुलिस सेना के अधिकारी के खिलाफ दर्ज कईलस FIR

IAF के विंग कमांडर पs जानलेवा हमला

Share

कर्नाटक के राजधानी बेंगलुरु में भारतीय वायुसेना (आईएएफ) के विंग कमांडर पs हमला के मामला में एगो नाया मोड़ सामने आईल बा। आईएएफ के विंग कमांडर शिलादित्य बोस पs हत्या के कथित कोशिश के आरोप में मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. सीसीटीवी फुटेज विंग कमांडर के शुरुआती दावा के विरोध करता।

सीसीटीवी में हमला करत देखल गइल सेना के अधिकारी

सीसीटीवी फुटेज में विंग कमांडर के बाइक पs सवार एगो कॉल सेंटर कर्मचारी के मारपीट करत देखल गईल। घटना सोमार (22 अप्रैल) के सबेरे टीन फैक्ट्री जंक्शन के नजदीक भईल जब बोस अवुरी उनुकर पत्नी एयरपोर्ट जात रहले।

कॉल सेंटर कर्मचारी के शिकायत पs दर्ज प्राथमिकी

विंग कमांडर बोस अबे कोलकाता में बाड़े। संभावना बा कि बेंगलुरु पुलिस के चलत जांच के तहत जल्दिए उनुका से पूछताछ खातीर बोलावल जाई। घायल बाइक सवार विकास कुमार, जे कॉल सेंटर के कर्मचारी हवे। उनुका शिकायत के आधार पs बायप्पनहल्ली पुलिस प्राथमिकी दर्ज करवले बिया।

एह धारा के तहत विंग कमांडर के खिलाफ मुकदमा दर्ज

विंग कमांडर के खिलाफ प्राथमिकी में भारतीय दंड संहिता (बीएनएस) के तहत गंभीर आरोप बा। एकरा पs धारा 108 (सहयोग), 115 (2) (आजीवन कारावास भा जेल के सजा पावे वाला अपराध करे के कोशिश), 304 (हत्या के बराबर ना होखे वाला दोषी हत्या), 324 (खतरनाक हथियार भा साधन से स्वेच्छा से चोट पहुंचावल), आ 352 (गबर उकसावे के छोड़ के मारपीट भा आपराधिक बल के इस्तेमाल) के तहत आरोप लगावल गइल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise


Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-