Bareli News : बरेली में सपा डेलीगेशन के ‘नो एंट्री’ : माता प्रसाद पांडे हाउस अरेस्ट, सांसद बर्क के घर पुलिस, इकरा आ मलिक के रोकल गइल

Share

बरेली। बरेली में 26 सितंबर के भइल बवाल के बाद अभी ले माहौल तनावपूर्ण बा। एही बीच समाजवादी पार्टी के नेता प्रतिपक्ष माता प्रसाद पांडे सहित कइयन बो सांसदन के एगो प्रतिनिधिमंडल आज बरेली जाये वाला रहे। बाकिर बरेली के जिलाधिकारी पुलिस आयुक्त लखनऊ आ आउर जिलन के एसएसपी लोगन के चिट्ठी लिख के कहले बाड़ें कि बिना इजाजत के केहूओ राजनीतिक प्रतिनिधि बरेली में प्रवेश ना करे। एह आदेस के बाद पुलिस हरकत में आ गइल। पुलिस माता प्रसाद पांडे के नोटिस देके उनका के आवास पs सुरक्षा बल तैनात कs देलस।

लखनऊ में सोमार से माता प्रसाद पांडे के घर के बाहर भारी पुलिस फोर्स तैनात बा। पुलिस उनका के हाउस अरेस्ट कs लेलस। माता प्रसाद बाहर निकल के गाड़ी में बइठे के कोसिस कइले, बाकिर पुलिस रोक लेलस। ओहिजा, सपा सांसद जियाउर्रहमान बर्क के घर पs पुलिस बल के तैनाती बा।

एही बीच बरेली जा रहल समाजवादी पार्टी के सांसद डेलीगेशन- मोहिबुल्लाह नदवी, इकरा हसन आ हरेंद्र सिंह मलिक के यूपी पुलिस दिल्ली-मेरठ एक्सप्रेसवे पs गाजीपुर बॉर्डर पs रोक लेलस।

सपा सांसद मोहिबुल्लाह नदवी कहलें कि “हमनी के बरेली जाये से रोकल जा रहल बा, ई पूरा तरे असंवैधानिक बा। भाजपा सरकार जनता पs अत्याचार कs के अब ओकरा के छुपावे के कोसिस करत बिया।”

इकरा हसन कहली कि “हमनी के समझ में नइखे आवत कि अघोषित आपातकाल में आखिर काहे रोकल जा रहल बा। हम प्रशासन से कहत बानी कि हमनी लोगन के संगे चलीं, हमनी के कवनो बात छुपावत नइखी सs। यूपी सरकार आखिर आपन कवन करिया करतूत छुपावत बिया कि बरेली जाये नइखे दिहल ला रहल।”

सपा नेता माता प्रसाद पांडे कहलें कि “पुलिस हमरा के आ हमनी के प्रतिनिधिमंडल के बरेली जाये से रोक देले बिया। जदि कलेक्टर खुद लिखले रहतें, तs हम मान लेती। बाकिर बरेली के डीएम के चिट्ठी में कहल गइल बा कि हमरा गइला से माहौल बिगड़ सकेला, एह चलते रोकल गइल बा।”

ओह लोगन के कहनाम बा कि सरकार आपन नाकामी छुपावे खातिर विपक्ष के आवाज दबावत बिया। ऊ कहलें कि पार्टी एह मुद्दा पs जल्दी फैसला करी।

एही बीच प्रशासन के कहनाम बा कि सुरक्षा आ कानून-बेवस्था बनावे खातिर ई डेग उठावल गइल बा। बरेली में अशांति के मद्देनजर 2 अक्टूबर दुपहरिया 3 बजे से 4 अक्टूबर दुपहरिया 3 बजे तक मोबाइल इंटरनेट आ ब्रॉडबैंड सेवा बंद रखल गइल रहे।

सहायक पुलिस आयुक्त आशुतोष कुमार सिंह कहलें कि “अभी ले सब कुछ शांत बा। पुलिस हर जगह तैनात, बिया कहीं से कवनो गड़बड़ी के खबर नइखे।”

ओने, 26 सितंबर के बरेली में भइल विरोध प्रदर्शन के ममिला में यूपी पुलिस इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल (IMC) के राष्ट्रीय महासचिव नफीस खान आ उनकर बेटा फरमान खान के गिरफ्तार कइले बिया। एह से गिरफ्तारी के गिनती अब 81 पहुंच गइल बा। पुलिस के मोताबिक, फरमान IMC के फेसबुक पेज संभारत रहस। एसएसपी अनुराग आर्य बतवलें कि नफीस आ उनका बेटा कबूल कइले बाड़ें कि सब लोग साजिश में सामिल रहे।

Read Also: Bihar Election 2025 : बिहार चुनाव के तइयारी खातिर पटना पहुंचलें मुख्य चुनाव आयुक्त, आज राजनीतिक दलन से करिहें मीटिंग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-