जून में 10 दिन बंद रही बैंक: पांच अतवार, दुगो सनीचर के अलावे अलग-अलग जगहन पs तीन दिन कामकाज बंद रही

Share

एह महीना माने जून में बैंकन में 10 दिन कामकाज ना होई। देस में कइयन वजहन से अलग-अलग जगहन पs तीन दिन बैंकन में कामकाज ना होई। एकरा अलावे पांच अतवार आ दुगो सनीचरो के बैंक बंद रही। महीना के सुरुआत छुट्‌टी के संगे होई।

17 जून के बकरीद/ईद-उल-अजहा के मवका पs देसभर में बैंक बंद रहिहें सs। ओहिजा 18 जून के जम्मू आ श्रीनगर में बैंकन में कामकाज ना होई। इहां हमनी के रउआ के जून 2024 महीना के बैंक छुट्टियन के बारे में बता रहल बानी सs, जवना से रउआ अपना हिसाब से बैंक के काम निपटा सकी।

ऑनलाइन बैंकिंग के माध्यम से निपटा सकेम काम

रउआ बैंकन के छुट्टी के बावजूद ऑनलाइन बैंकिंग आ ATM के माध्यम से पईसा के लेनदेन भा आउर काम कs सकत बानी। एह सुविधन पs बैंकन के छुट्टियन के कवनो असर ना पड़ी।

जून में शेयर बाजार में 11 दिन ना होई कारोबार

जून 2024 में शेयर बाजार में 11 दिन कारोबार ना होई। एमे 10 दिन सनीचर आ अतवार के कारोबार ना होई। एकरा अलावे 17 मई के बकरीद पs शेयर बाजार बंद रही।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-