Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bank Holidays June 2024: जून में एतना दिन तक बैंक बंद रही, छुट्टी के पूरा सूची इहाँ देखी

222

जून 2024 के बैंक छुट्टी के सूची : जून महीना शुरू होखे में अभी कुछ दिन बाचल बा। जदी रउरा लगे भी बैंकिंग से जुड़ल कवनो महत्वपूर्ण काम बा तs एह महीना के शुरुआत में कर लीं। हम ई एहसे कहत बानी कि हर महीना का तरह जून में भी बैंक के छुट्टी (भारत में बैंक हॉलिडे 2024) बहुते होला । भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) के ओर से जारी जून बैंक हॉलिडेज फुल लिस्ट के मुताबिक जून में कुल 12 दिन तक बैंक बंद रही। हम एह खबर में बतावे जा रहल बानी कि कवना दिन आ कवना राज्य में बैंक बंद होखी, काहे कि एह छुट्टी का बारे में रउरा सभे के मालूम होखे के चाहीं , ना त रउरा बहुते समस्या के सामना करे के पड़ सकेला । आईं हमनी के एह बारे में विस्तार से जाने के ।

भारतीय रिजर्व बैंक (आरबीआई) अपना आधिकारिक वेबसाइट पs ई जानकारी देले बा। एकरा मुताबिक जून में कुल 12 दिन तक बैंक बंद रही। हालांकि बैंक छुट्टी के इ सूची (बैंक छुट्टी 2024) राष्ट्रीय स्तर पs आरबीआई के ओर से जारी कइल गइल बा। अलग अलग राज्य में पड़े वाला कई गो परब के अलावा शनिचर आ रविवार के साप्ताहिक छुट्टी के भी शामिल कइल गइल बा। अइसने में बैंक जाए से पहिले एक बेर बैंक हॉलिडे लिस्ट के जांच जरूर करे के चाही, ताकि आपके कवनो दिक्कत के सामना ना करे के पड़े। ग्राहकन खातिर ई जानल जरूरी बा कि जून में बैंक कब बंद रही।।

आइ जून में बैंक के छुट्टि के लिस्ट (Bank Holidays List for June 2024) पs एगो नजर डालेके।

1 जून 2024 – एह दिन चुनावी जगहा पर बैंक बंद रही।

 2 जून 2024– एतवार के चलते देश भर के बैंकन खातिर हर हफ्ता छुट्टी होखी ।

 8 जून 2024- महीना के दूसरा शनिवार के चलते देश भर में बैंक बंद रही।

 9 जून 2024- एतवार के चलते बैंक बंद रही

 16 जून 2024– रविवार के चलते देश भर में बैंक बंद रही।

 22 जून 2024- महीना के चउथा शनिचर के चलते देश भर में बैंक बंद रही।

 23 जून 2024– एतवार के चलते देश भर में बैंक बंद रही।

30 जून 2024- एतवार के चलते देश भर में बैंक बंद रही।

जून में भी एह दिन बैंक बंद रही

सोमवार 10 जून – श्री गुरु अर्जुन देव जी के शहादत दके मौका पs पंजाब में बैंक बंद रही।

बियफे 14 जून – पाहिली राजा के चलते ओडिशा में बैंक बंद रही ।

शनिचर 15 जून – पूर्वोत्तर राज्य मिजोरम में वाईएमए दिवस आ ओडिशा के राजा संक्रांति के चलते बैंक बंद रही।

सोमवार 17 जून – बकरीद के मौका पs कुछ राज्य के छोड़ के पूरा देश में बैंक बंद रही।

शुक्रवार 21 जून – वट सावित्री के व्रत के चलते बहुत राज्य में बैंक बंद रही।

ऑनलाइन बैंकिंग के सुविधा दिहल जाई

बैंक छुट्टी के बाद भी ऑनलाइन बैंकिंग आ एटीएम के माध्यम से पईसा के लेनदेन चाहे दोसर काम कs सकतानी। बैंक छुट्टी के एह सुविधा पर कवनो असर ना पड़ी। बैंक बंद होखे के दौरान बैंक से जुड़ल बहुत काम मोबाइल चाहे नेट बैंकिंग के माध्यम से कइल जा सकता। जब बैंक बंद हो जाई तs सगरी ऑनलाइन सुविधा चालू रही ।

846350cookie-checkBank Holidays June 2024: जून में एतना दिन तक बैंक बंद रही, छुट्टी के पूरा सूची इहाँ देखी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.