फर्जी पहचान पs भारत में दु साल से रहत रहे बांग्लादेशी, कोलकाता में गिरफ्तार

Crime news

Share

पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता में पुलिस एगो बांग्लादेशी नागरिक के गिरफ्तार कs लेले बिया। नकली पहचान के मदद से दू साल से अधिका समय से भारत में रहत रहले। भारत में अधिका रहे के आरोप में एगो बांग्लादेशी नागरिक के गिरफ्तार कs लिहल गइल. पुलिस अधिकारी के मुताबिक, पार्क स्ट्रीट थाना के टीम सुक के रात में गिरफ्तारी कईले बिया।

होटल में काम करत रहे

आरोपी एगो गुप्त सूचना पs कार्रवाई करत अधिकारी मार्क्विस स्ट्रीट के एगो होटल पs छापामारी कईले, जहां आरोपी पछिला दु साल से काम करत रहे। प्रारंभिक जांच में पता चलल कि आरोपी भारत में अपना अवैध प्रवास के छिपावे खातीर फर्जी दस्तावेज के सहारा लेले रहे। पासपोर्ट आ आधार कार्ड बनवा लेले रहे, ताकि उs आपन पहचान छिपा के होटल में काम कs सकस। आरोपी करीब दु साल पहिले भारत आईल रहे अवुरी इहाँ गैरकानूनी तरीका से रहत रहे। कोलकाता पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कs मामला के छानबीन शुरू कs देले बिया।

हाल ही में मुंबई अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs नियमित सुरक्षा जांच के दौरान एगो बांग्लादेशी नागरिक के गिरफ्तार कईल गईल, जवन कि फर्जी दस्तावेज के आधार पs पछिला 26 साल से भारत में रहत रहे। आरोपी के पहचान स्वप्न कुमार हरिपद मंडल के रूप में रियाद जाए वाली फ्लाइट में चढ़े से रोक दिहल गईल। मंडल के पासपोर्ट के विवरण में विसंगति देखल गईल, जवना के बाद उनुका के शक के चलते रोक दिहल गईल। पूछताछ के दौरान पता चलल कि मंडल फर्जी भारतीय पासपोर्ट के इस्तेमाल करत रहले। 

इहो पढ़ीं: Maha Kumbh: महाकुंभ मेला में जाए के बा तैयारी, तs कम पइसा में ठहरे खातीर बा इs बेस्ट जगह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-