Baloch Liberation Army : बलूच लिबरेशन आर्मी 7 पाकिस्तानी फौजियन के अगवा कइलस, इस्लामाबाद के सात दिन के अल्टीमेटम

Baloch Liberation Army claims abduction of seven Pakistani security personnel and issues ultimatum to Islamabad

Share

नई दिल्ली। अलगाववादी मिलिटेंट संगठन Baloch Liberation Army (BLA) दावा कइले बा कि ऊ पाकिस्तान के सिक्योरिटी फोर्स के सात जवानन के हिरासत में ले लेले बा।

BLA इहो कहलस कि एह कैदियन के अदला-बदली खातिर पाकिस्तानी सरकार के सात दिन के डेडलाइन दिहल गइल बा।

पाकिस्तानी सरकार के देलस अल्टीमेटम

बलूच आर्मी चेतावनी देले बा कि अगर सात दिन के भीतर कवनो तरे के बातचीत सुरू ना भइल तs कैदियन के फांसियाें दिहल जा सकेला।

संगठन इस्लामाबाद में बइठल सरकार खातिर एगो वीडियो मैसेज जारी कइले बा, जवना में कहल गइल बा कि डेडलाइन खतम होखे में अभी छव दिन बाकी बा। एह मामिला में अभी तक पाकिस्तानी सरकार के तरफ से कवनो आधिकारिक बयान सामने नइखे आइल।

बलूच आर्मी के ‘ऑपरेशन हेरोफ’

BLA के दावा के मोताबिक, ई सातो कैदी ‘ऑपरेशन हेरोफ’ के दूसरा फेज के दौरान पकड़ल। संगठन के कहनाम बा कि ऑपरेशन के दौरान अलग-अलग मोर्चा पs पाकिस्तानी सिक्योरिटी फोर्स के कुल 17 लोगन के हिरासत में लिहल गइल रहे।

संगठन बतवलस कि एमे से दस लोगन के चेतावनी देके छोड़ दिहल गइल, काहे कि ऊ लोग एथनिक बलूच रहलें आ लोकल पुलिस से जुड़ल रहे।

BLA दावा कइले बा कि बचल सातों बंदी पाकिस्तानी सेना के रेगुलर यूनिट के सदस्य बा लोग। संगठन के कहनाम बा कि ई सातो अभियो ओकर कस्टडी में बा लोग आ इनकर कार्रवाई बलूच नेशनल कोर्ट में कइल गइल बा।

Read Also: Shoaib Akhtar on Mohsin Naqvi : ‘क्रिकेट जानत नइखन, पीसीबी के चेयरमैन बन गइलें…’, भारत से हार के बाद भड़कलें शोएब अख्तर, बाबर-मोहसिन पs कइलें तीखा हमला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-