Adani Group: बेन कैपिटल किनी अदाणी समूह के कंपनी में 90 फीसदी हिस्सेदारी, अमेरिकी फर्म से डील पक्का 

Anurag Ranjan

अमेरिका इस्थित प्राइवेट इक्विटी फर्म बेन कैपिटल अदाणी समूह के गैर-बैंकिंग वित्तीय कंपनी अदाणी कैपिटल या अदाणी हाउसिंग के 90 फीसदी हिस्सेदारी हासिल करे खातिर एगो समझौता पs हस्ताक्षर कइले बा। एकर घोषणा 23 जुलाई के कइल गइल। हालांकि मवजूदा प्रबंध निदेशक आ सीईओ गौरव गुप्ता के लगे बाकी 10 फीसदी हिस्सेदारी रही।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, अदाणी ग्रुप के वित्तीय सेवा कारोबार के कुल मूल्यांकन 1,600 करोड़ रुपिया बा। ओहिजा एह समझौता के संगही अदाणी परिवार अपना बैंकिंग कारोबार में आपन लगभग सारा हिस्सेदारी बेच देले बा। एकरा के 2017 में लॉन्च कइल गइल रहे। रिपोर्ट के मोताबिक, गौरव गुप्ता के नेतृत्व में बेन कंपनी बैकिंग कंपनियन के बढ़न्ती खातिर अतिरिक्त 983 करोड़ रुपिया निवेश करी।

गौतम अदाणी समझौता पs देलें बयान

अदाणी समूह के चेयरमैन गौतम अदाणी कहलें कि हम गौरव के उनका इन्वेस्टमेंट बैंकर के दिनन से जानत बानी। ऊ कहलें कि ऊ एगो एंटरप्रेन्योर बनल चाहत रहलें आ हम उनकर सपोर्ट कइनी। ऊ ना खाली सेमी-अर्बन आ ग्रामीण भारत में वंचितन पs धेयान केंद्रित करत एगो अच्छा फाइनेंशियल बैंकिंग सर्विसेज बनवले बाड़ें, बलुक अदानियो ग्रुप में बहुमूल्य जोगदान देलें बाड़ें। हमरा बहुत खुसी हो रहल बा कि बेन कैपिटल जइसन विश्वसनीय निवेशक अब एमे डेग रख रहल बा आ एसे बेवसाय के इहां से कइयन गुना बढ़े में मदद मिली।

हिंडनबर्ग के रिपोर्ट के बाद अदाणी समूह के शेयर धड़ाम से नीचे गिरल रहे 

एह साल जनवरी में शॉर्ट सेलर फर्म हिंडनबर्ग अदाणी समूह पs एगो रिपोर्ट जारी कइले रहे। एह रिपोर्ट में आरोप लगावल गइल कि अदाणी समूह शेयरन में हेराफेरी कइलस आ कइयन सालन तक धांधली कइलस। एह रिपोर्ट के सामने अइला के बाद खूब हंगामा भइल आ अदाणी समूह के कंपनियन के शेयर धड़ाम से नीचे आ गइल।

नया प्रोजक्ट पs फोकस कs रहल बा अदाणी ग्रुप

हालांकि अदाणी समूह निवेशकन के भरोसा जीते खातिर कइयन गो बड़ डेग उठवलस। एकरा संगही अदाणी ग्रुप अपना इंफ्रास्ट्रक्चर डेवलपमेंट बिजनेस पs फोकस कs रहल बा, जेमे मुंबई के बाहरी इलाकन में एगो नया एयरपोर्ट बनावलो सामिल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।