Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बदो बदी’ गाना Youtube से भइल डिलीट, चाहत फतेह अली के इs गाना के मिलल रहे 28 मिलियन व्यूज

827

 

पाकिस्तानी गायक चहत फतेह अली खान के गाना ‘बदो बदी’ रउरा सभे देखले होखब आ सुनले होखब. चहत फतेह अली खान एह गीत से भारत में मशहूर भइले. उनकर ई गाना सोशल मीडिया पs अतना वायरल हो गइल कि लोग एह पs रील बना के ऊबत नइखे. गाना के संबंध में बहुत मीम सोशल मीडिया पs भी देखल गइल। गाना के गायक चहत फतेह अली खान के भी सोशल मीडिया पs खूब ट्रोल भईले। एकरा बावजूद चहत फतेह अली खान के एह गीत से भारत में काफी पहचान मिलल। बाकिर अब ई मशहूर गाना यूट्यूब से हटा दिहल गइल बा.

Youtube से गाना काहे हटा दिहल गईल? 

आईं अब बता दी कि यूट्यूब से ‘बदो बदी’ गाना काहे हटा दिहल गइल? असल में चहत फतेह अली खान के ई गाना कॉपी स्ट्राइक के चलते यूट्यूब से डिलीट हो गइल बा. बता दीं कि ई गीत 1973 में रिलीज भइल नूरजहां के फिलिम बनारसी ठग के गाना के कॉपी रहे। चहत फतेह अली खान एकरा के अलगे धुन आ लय में गा के पूरा दुनिया में फइलवले रहले. चूंकि नूरजहां के गाना कॉपी हs एहसे यूट्यूब एकरा के अपना प्लेटफार्म से डिलीट कs देले बा।

एह गाना के 2.8 करोड़ व्यूज मिलल 

चहत फतेह अली खान गीत के अतना अजीब तरीका से गवले कि लोग सुनला के बाद उनुका के खूब ट्रोल करत रहले। एकरा बावजूद ई गाना यूट्यूब पs 2.8 करोड़ से अधिका लोग देखल. चहत फतेह अली खान के ई गीत यूट्यूब पs सबसे ज्यादा व्यूज पावे वाला गीतन में से एगो रहे। ‘ बदो बदी’ गाना भारत में ना बलुक पाकिस्तान, बांग्लादेश समेत पूरा दक्षिण एशिया में वायरल हो गइल.

 

 

 

858550cookie-checkबदो बदी’ गाना Youtube से भइल डिलीट, चाहत फतेह अली के इs गाना के मिलल रहे 28 मिलियन व्यूज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.