Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Babar Azam ने T20 World Cup 2024 के अपना आखिरी मैच में बनवले वर्ल्‍ड रिकॉर्ड, MS Dhoni के बड़ अंतर से पीछे छोड़लें

901

बाबर आजम टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के अपना आखिरी मैच में वर्ल्‍ड रिकॉर्ड बना देले। एही दौरान बाबर आजम भारत के पूर्व कप्‍तान एमएस धोनी के बड़ अंतर से पीछे छोड़ले। बाबर आजम आयरलैंड के खिलाफ रविवार के नाबाद 32 रन के मैच विजयी पारी खेलले। बाबर के पारी के दम पs पाकिस्‍तान टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 में अपना अभियान के विजयी अंत कइलस।

पाकिस्‍तान के कप्‍तान बाबर आजम ऐतवार के आयरलैंड के खिलाफ टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के 36वां मैच में इतिहास रच देले। बाबर आजम टी20 वर्ल्‍ड कप में कप्‍तान के रूप में सबसे बेसी रन बनावे वाला बल्‍लेबाज बन गइल बाड़े।

बाबर आजम ने लॉडरहिल में खेलल गइल मैच में 34 गेंदन में दू चौका के मदद से नाबाद 32 रन बनवले। बाबर के पारी के दम पs पाकिस्‍तान टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के अपना आखिरी लीग मैच में आयरलैंड के 7 गेंद शेष रहत तीन विकेट से मात देलस। बाबर आजम टी20 वर्ल्‍ड कप में बतौर कप्‍तान सबसे ज्‍यादा रन बनावे के मामला में पूर्व भारतीय कप्‍तान एमएस धोनी ले पीछे छोड़ले।

सबसे सफल कप्‍तान बनले बाबर आजम

बाबर आजम ने टी20 वर्ल्‍ड कप में 17 पारियन में 549 रन बनवले। एकरा से पहिले कप्‍तान के रूप में टी20 वर्ल्‍ड कप में सबसे ज्‍यादा रन बनावे के रिकॉर्ड एमएस धोनी के नाम दर्ज रहे। धोनी 29 पारियन में 529 रन बनवले रहले। बाबर धोनी के 12 पारियन के विशाल अंतर से पीछे छोड़ले। न्‍यूजीलैंड के कप्‍तान केन विलियमसन एह लिस्‍ट में तीसरका स्‍थान पs काबिज बाड़े। विलियमसन 19 पारियन में 527 रन बनवले।

श्रीलंका के पूर्व कप्‍तान महेला जयवर्धने एह खास क्‍लब में चौथा स्‍थान पs जमल बाड़े। जयवर्धने 11 पारियन में 360 रन बनवले। दक्षिण अफ्रीका के पूर्व कप्‍तान ग्रीम स्मिथ टॉप-5 लिस्‍ट के पूरा कइले। बाएं हाथ के बैटर स्मिथ 16 पारियन में 352 रन बनवले।

टी20 वर्ल्‍ड कप में बतौर कप्‍तान सबसे ज्‍यादा रन:

549 – बाबर आजम (17 पारी)* 529 – एमएस धोनी (29 पारी) 527 – केन विलियमसन (19 पारी) 360 – महेला जयवर्धने (11 पारी) 352 – ग्रीम स्मिथ (16 पारी)

पाकिस्‍तान बचवलस लाज

बाबर आजम के नेतृत्‍व वाली पाकिस्‍तान आपन साख बचवलस आ टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के अपना आखिरी मैच में आयरलैंड के तीन विकेट से पटकलस। पाकिस्‍तान के टीम पहिलही टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 के सुपर-8 राउंड के रेस से बाहर हो गइल रहे। लॉडरहिल में खेलल गइल मोकाबला में आयरलैंड पहिला बल्‍लेबाजी कइलस आ निर्धारित 20 ओवर में 9 विकेट गवां के 106 रन बनवलस। जवाब में पाकिस्‍तान 18.5 ओवर में सात विकेट गवां के लक्ष्‍य हासिल कइलस।

865690cookie-checkBabar Azam ने T20 World Cup 2024 के अपना आखिरी मैच में बनवले वर्ल्‍ड रिकॉर्ड, MS Dhoni के बड़ अंतर से पीछे छोड़लें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.