Azam Khan : आजम खान 23 महीना बाद भइलें रिहा, सीतापुर जेल से निकलते जुटल भीड़

Share

सीतापुर। समाजवादी पार्टी के कद्दावर नेता आजम खान आखिरकार 23 महीना बाद मंगर के दिन करीब 12:20 बजे जिला कारागार से रिहा भइलें। जेल से दूगो गाड़ी बाहर निकलल। एक गाड़ी में आजम खान बेटा अदीब, अब्दुल्ला, प्रतिनिधि आ दुगो आउर दोसर लोगन संगे बइठल रहलें। दोसरा गाड़ी में उनकर किताब, कपड़ा आ बाकी सामान राखल गइल रहे, जवल जेल में रहे।

सुरक्षा खातिर कइल गइल चाक-चौबंद इंतजाम

आजम खान के रिहाई के मद्देनजर मंगर के सबेरे से एलआईयू टीम, ड्रोन टीम आ पीएसी के जवान तैनात रहलें। एएसपी उत्तरी आलोक सिंह, प्रशिक्षु आईपीएस विनायक भोंसले, ट्रैफिक इंस्पेक्टर फरीद अहमद आ आठ गो थानन के फोर्स मौजूद रहें। जिला कारागार के सामने आ ओवरब्रिज पs भीड़ हटावे खातिर पुलिस सक्रिय रहल। रिहाई से पहिले रामपुर एमपी-एमएलए कोर्ट में 3-3 हजार के दू गो जुर्माना जमा भइल, ओकरा बाद ईमेल से जिला कारागार आदेस पहुंचल आ आजम खान बाहर अइलें।

समर्थकन के उमड़ल सैलाब

आजम खान के रिहाई के खबर लागते भोर पाँच बजे से समाजवादी पार्टी के विधायक अनिल वर्मा, समाजवादी छात्र सभा के कार्यकर्ता आ रामपुर से आइल समर्थक जुटे लागल लोग। जइसे-जइसे दिन चढ़ल, भीड़ अउरी बढ़ल त पुलिस फोर्स बुलाई गइल। करीब सवा सात बजे आज़म ख़ान के बेटा अदीब जेल पहुँचलन आ पन्द्रह मिनट रुकला के बाद बिना कुछ बोले बाहर निकल गइलन।

104 केस बा दर्ज, 93 रामपुर में

आजम खान पs कुल 104 मुकदमा दर्ज बा, जवना में अकेले रामपुर में 93 केस बा। बाकिर सब में जमानत मिल गइल बा। ओहि चलते ई रिहाई संभव भइल।

सांसद रुचिवीरा के बयान

सपा सांसद रुचिवीरा सीतापुर में मौजूद रहली। ऊ कहलीं कि न्यायपालिका के धन्यवाद देत बानी। अब आगे के रणनीति आजम खान के निर्देश पs तय कइल जाई। बसपा में जाये के सवाल पs ऊ कहलें कि पहिले आजम साहेब परिवार से मिल लेस, ओकरा बादे आगू के फैसला होई।

Read Also: 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-