Valentine’s Day पs भूलइओ के ना करीं इs गलती, प्यारभरल रिश्ता में पड़ सकेला दरार

Share

अगर रउरा वैलेंटाइन डे पs प्यार के एहसास के जिंदा राखल चाहत बानी तs एकरा खातिर कुछ खास करे के पड़ी। अपना साथी के खुश करे खातिर कुछ अतिरिक्त प्रयास करे के होई। खास तौर पs ओ समय जब आपके रिश्ता पुरान होखता। अगर जिनिगी में प्रेम आ रोमांस के कमी बा आ झगड़ा बढ़ रहल बा तs अइसन मउका ना छोड़े के चाहीं। प्रेम संबंध चलावे खातिर प्यार के सबसे जादा जरूरत होखेला। अगर रिश्ता से प्यार गायब होखे लागेला तs झगड़ा बढ़ जाला। एहसे एह वैलेंटाइन में, खाली अपना साथी के प्यार दीं। गलती से भी इनका के इs काम मत करीं।

वैलेंटाइन डे पs ई गलती मत करीं

गड़ल मुर्दा मत उखाडी – अक्सर लोग टकराव के समाधान करत घरी गड़ल मुर्दा खोदे लागेला। वैलेंटाइन डे पs अपना साथी से खाली प्यार के बात करीं। पुरान बात छोड़ दीं। सब गुस्सा भुला के एक दूसरा से खाली नीमन आ मीठ बात बतियाईं। अगर रउरा फेर से पुरान मुद्दा उठाईंब तs फेर से लड़ाई बढ़ सकेला। एहसे राउर जिनिगी में एगो अउरी कड़ुआ याद आ जाई जवना से वैलेंटाइन डे पs लड़ले रहीं जा।

बहस से बची – बहस के चलते अधिकांश लोग के रिश्ता बिगड़ जाला काहे कि दुनो में से कवनो समझौता करे खातीर तैयार ना रहेला। जब रउरा अपना विचार पs अडिग रहब तs अगर आपके रिश्ता में अयीसन होखता तs वैलेंटाइन डे पs अयीसन कईल भी मत भूलीं। भले समझौता करे के पड़े, प्यार के नाम पs एs दिन एक दूसरा के बात सुनी। एहसे आपके बिगड़त रिश्ता में सुधार होई।

व्यस्त मत रहीं, अपना साथी खातिर समय निकालीं – आजकल झगड़ा के एगो अवुरी कारण समय के कमी बा। कई बेर दुनु के काम करे के चलते एक दूसरा के उचित समय ना दे पावेला। जवना के चलते रिश्ता बिगड़ल शुरू हो जाला। अयीसना में वैलेंटाइन डे चाहे अयीसन अवुरी खास दिन ना बीते देवे के चाही। एह दिन एक दूसरा के साथे समय बिताईं। बईठ के एक दूसरा से बात करीं आ अपना के खास महसूस करीं।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-