अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के!एक्टिंग से बचे खातीर सेट से गायब रहली रेखा, जानीं कुछ दिलचस्प खिस्सा

Share

 

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

आजू पढ़ी हिंदी सिनेमा के सदाबहार अभिनेत्री रेखा के कुछ दिलचस्प खिस्सा।

हिंदी सिनेमा के सदाबहार अभिनेत्री रेखा के कवनो परिचय के जरूरत नइखे। अभिनेत्री आपन समय में कई गो फिलिमन में काम कइले बाड़ी। रेखा के कई गो अइसन फिलिम बाड़ी सँ जवन हिट साबित भइल बाड़ी सँ। एक समय रहे जब रेखा के सनक एतना रहे कि सब केहू उनका साथे काम करे के चाहत रहे। अइसना में कई बेर रेखा सेट से गायब हो जास। रेखा से जुड़ल कुछ बात बतावल जाव।

रेखा कई गो बड़का कलाकारन के साथे काम कइले बाड़ी। आजुओ दर्शकन के उनुकर फिलिम देखल बहुते नीक लागेला बाकिर बता दीं कि एक समय रेखा फिलिमन में काम ना कइल चाहत रहली। उ खुद एगो साक्षात्कार के दौरान एकर खुलासा कईले रहली। जब उनुका फिल्म के ऑफर मिलल तs उs फिल्म में काम करे से साफ-साफ मना कs देली।

बता दीं कि रेखा कबो हिन्दी फिलिमन में काम ना कइल चाहत रहली। रेखा के ओह घरी हिन्दी बोले के भी ना आवे। एकरा बाद भी उनुका के एगो हिंदी फिल्म खातिर साइन करावल गईल। जवना के बाद उs हिंदी इंडस्ट्री के हिस्सा बन गईली। रेखा के माई चाहत रहली कि ऊ हिंदी फिलिमन में काम करस आ एक दिन बड़का स्टार बन जास।

उ करीब 6 साल तक मजबूरी में अभिनय करत रहली। कबो सेट पs अस्वस्थ होखे के बहाना बनावत रहली तs कबो पेट दरद के बहाना बनावत रहली। उनुका अभिनय बिल्कुल पसंद ना रहे। साल 1975 में उनकर मन बदल गइल आ ऊ अभिनय पs ध्यान देबे लगली। जवना के बाद रेखा कबो पीछे मुड़ के ना देखली अवुरी एक के बाद एक हिट फिल्म देत रहली।

आजुओ दर्शक लो करेला पसंद

हो सकेला कि रेखा एह घरी कवनो फिल्म के हिस्सा ना होखस बाकिर आजुओ उनुकर लोकप्रियता कम नइखे भइल। आजुओ लोग उनुका फिलिमन में उनुकर लुक बहुते पसंद करेला। आज भी मेहरारू उनकर लुक के फालो करेली।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-