उमेशपाल हत्या के मामला में अतीक आ अशरफ कोर्ट पहुंचले, दुनो भाई एकही वैन में जेल अईले

Minee Upadhyay

उमेशपाल हत्याकांड के मामला में माफिया अतीक अहमद आ उनुकर भाई अशरफ आज प्रयागराज के सीजेएम कोर्ट में पेश भईल बाड़े। आजु अदालत में यूपी एसटीएफ दुनु जने के पूछताछ खातिर रिमांड मांग | बता दीं कि 15 दिन के भीतर दुसरका बेर माफिया आ सांसद रहल अतीक अहमद के बुध के दिने साबरमती जेल से प्रयागराज के नैनी केन्द्रीय जेल ले आवल गइल बा | पुलिस अदालत से निहोरा करी कि उमेश पाल हत्याकांड में जाँच खातिर अतीक आ अशरफ के हिरासत दिहल जावजाव | एकरा संगे बरेली जेल से नैनी जेल ले आवल गईल अतीक के भाई अशरफ के भी एही मामला में कोर्ट में पेश कईल जाता। दुनो भाई अतीक आ अशरफ एकही जेल वैन से सीजेएम कोर्ट पहुंचल बाड़े।

 

अतीक आ अशरफ खातीर तइयार सवाल

अतीक के अपराध के हिसाब अब शुरू हो गईल बा। आजु उमेश पाल हत्याकांड में अतीक अहमद आ उनकर भाई अशरफ के पेश कइल जाई | एसटीएफ अतीक आ अशरफ से पूछताछ खातीर सवाल के एगो लमहर सूची तइयार कईले बिया। उमेश पाल हत्याकांड में अतीक के पूरा परिवार फंसल बा। कुछ लोग जेल में बाड़े त कुछ लोग फरार बाड़े। पत्नी, बेटा, बहिन, भतीजी फरार बाड़े लेकिन पुलिस के पकड़ एतना कड़ा बा कि अब बहिन आ भतीजी आत्मसमर्पण खातीर कोर्ट में आवेदन करतारे।

 

 अतीक के ठिकाना से ईडी द्वारा जब्त महत्वपूर्ण सबूत आ नकदी

 एकरा साथे ईडी यानी प्रवर्तन निदेशालय भी अतीक के अवैध संपत्ति आ अवैध लेनदेन के सबूत के जांच कर रहल बा। बुध के दिने ईडी एके साथे अतीक आ उनुका करीबी लोग के 15 गो लोकेशन पे छापा मार दिहलस | घंटन के तलाशी अभियान के बाद ईडी के बहुत महत्वपूर्ण दस्तावेज, बेनामी संपत्ति के कागज आ 75 लाख नकदी मिलल बा। त ईडी के भी 50 करोड़ के नकद लेनदेन के बारे में पता चलल बा। 24 फरवरी के प्रयागराज के उमेश पाल हत्या के बाद माफिया अतीक आ उनुका गुंडा के पीछे दर्जनों यूपी पुलिस टीम लागल बा। एसटीएफ दिन रात छापामारी करत बा। एसओजी के टीम उनुका साथियन के तलाश में जुटल बिया जबकि सीबीआई पहिलही से राजूपाल हत्या के मामला में अतीक के अपराध के जांच करतिया। एकरा संगे ईडी माफिया अतीक आ उनुका गुंडा पे दबाव बनावे शुरू क देले बिया।

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।