Atheletics Meet: डीडीयू में काल्ह से सुरू होई तीन दिवसीय वार्षिक एथेलेटिक्स मीट

Atheletics Meet: डीडीयू में काल्ह से सुरू होई तीन दिवसीय वार्षिक एथेलेटिक्स मीट

Share

Atheletics Meet: दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (डीडीयू )के क्रीड़ा प्रांगण में तीन दिवसीय वार्षिक एथेलेटिक्स मीट के आयोजन काल्ह से सुरू हाई। 4 से 6 फरवरी तक चले वाला एह एथेलेटिक्स मीट में विश्वविद्यालय आ विश्वविद्यालय से संबंधित सब महाविद्यालय के खिलाड़ी प्रतिभाग करी लो। एथेलेटिक्स मीट के सुभारंभ काल्ह सबेरे 10:30 बजे कुलपति प्रो. पूनम टंडन करिहें। समापन समारोह के मुख्य अतिथि यश भारती पुरस्कार से सम्मानित आ पूर्वोत्तर रेलवे के क्रीड़ा अधिकारी चंद्रविजय सिंह होइहें आ अध्यक्षता कुलपति प्रो. पूनम टंडन करिहें।

एकरा के देखीं: NAZARIA| नज़रिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI

Atheletics Meet: 800 से जादे खिलाड़ी भाग लिहें

प्रतियोगिता में लगभग 800 खिलाड़ी भाग लिही लो l ई जानकारी क्रीड़ा परिषद के सचिव डॉ. राज वीर सिंह देलें। ऊ बतवलें कि स्पोर्ट्स स्टेडियम के प्रतियोगिता खातिर तइयार कइल जा चुकल बा l एह प्रतियोगिता में 22 पुरुष आ 22 महिला स्पर्धन के आयोजन कइल जाई। तीन दिन तक खिलाड़ी 168 पदकन खातिर जोर आजमाइश करी लो l प्रतियोगिता खातिा विश्वविद्यालय परिसर के एथलेटिक्स टीम के चयन दिनांक 25 जनवरी के कइल जा चुकल बा।

atheletics meet

एही क्रम में क्रीड़ा परिषद के अध्यक्ष प्रो. विमलेश कुमार मिश्रा बतवलें कि प्रतियोगिता में सर्वश्रेष्ठ पुरुष आ महिला एथलीट के संगे सर्वश्रेष्ठ पुरुष आ महिला टीम आउर ओवर आल चैंपियन टीम के पुरस्कृत कइल जाई l विश्वविद्यालय के पुरुष शिक्षकन खातिर रस्साकसी आ महिला शिक्षकन खातिर म्यूजिकल चेयर प्रतियोगिता आयोजित होई। मार्च पास्ट में श्रेष्ठ टीम के पुरस्कृत कइल जाई।

Read Also: Women U19 T20 WC: भारतीय महिला अंडर-19 टीम लगातार दूसरका बेर चैंपियन, फाइनल में द. अफ्रीका के नौ विकेट से हरवलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-