मशरक के दर्जनन बूथन पs डॉ० श्यामा प्रसाद मुखर्जी के बलिदान दिवस हर्षोल्लास के संगे मनावल गइल 

Anurag Ranjan

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मसरख प्रखंड के दर्जनन बूथन पs डॉ० श्यामा प्रसाद मुखर्जी के बलिदान दिवस के रूप में मनावल गइल। मशरक दक्षिणी भाजपा मंडल अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा के नेतृत्व में बूथ नंबर 45, 43 ,53 ,101, 66, 102, 104, अधिकांश बूथन पs मनावल गइल। एगो देस में दु परिधान, दु गो निशान आ दु प्रधान ना रही। ई ना चली।

ऊ पहिला आवाज उठवले रहस जेवना कारण जम्मू सरकार उनका के जेल में डाल देले रहे। जहाँ 44 दिन कारावास मे रहला के बाद उनकर मृत्यु हो गइल। उनकर मृत्यु कइसे भइल पता ना चलल। ऊ कहलें की हमनी के एक हई सs आ हमनी के राष्ट्र एक हs। ओहिजा, कार्यक्रम समारोह मे डॉ० श्यामा प्रसाद मुखर्जी के तैल चित्र पs सभे भाजपा कार्यकर्ता लोग पुष्प अर्पित कs के ऊ लोग उनका के श्रद्धांजलि दे नमन कइल। बलिदान दिवस के मवका पs प्रखंड भाजपा अध्यक्ष बीरबल प्रसाद कुशवाहा उनकर कइल गइल कामन के विस्तार से सभे भाजपा कार्यकर्त्ता लोगन के सोझा रखलें।

बलिदान दिवस समारोह मे मुख्य रूप से मवका पs भाजपा पार्टी के युवा जिला मोर्चा के अध्यक्ष दुर्गेश गुप्ता, मशरक मंडल के युवा अध्यक्ष नंदन बाबा, अति पिछड़ा के अध्यक्ष कृष्णा साह, उपाध्यक्ष संजय तिवारी, झामलाल बाबा, रंजन सहनी, गौतम ओझा, चीकू कुमार, रौशन कुमार सहित दर्जनन भाजपा नेता उपस्थित रहल लो।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।