Assam : असम में इमरजेंसी लैंडिंग सुविधा के सुरुआत, पीएम मोदी के विमान के भइल ऐतिहासिक लैंडिंग

Share

सेंट्रल डेस्क। चीन सीमा के नजदीक देस के सामरिक ताकत में आज एगो नया अध्याय जुड़ गइल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वायुसेना के विशेष विमान से असम के डिब्रूगढ़ जिला के मोरन बाईपास पs बनल इमरजेंसी लैंडिंग फैसिलिटी (ELF) पs उतरलें। पीएम मोदी के लैंडिंग के संगही हाईवे पs बनल ई हवाई पट्टी भारतीय वायुसेना के रणनीतिक नेटवर्क के हिस्सा बन गइल। पीएम मोदी C-130J Super Hercules विमान से लैंड कइलें।

एही दौरान भारतीय वायुसेना के Sukhoi Su-30MKI फाइटर जेट डिब्रूगढ़ के मोरन बाईपास पs बनल ELF से उड़ान भरलें। पीएम मोदी आ ओहिजा मवजूद लोग एह ऐतिहासिक टेक-ऑफ के देखलें।

पीएम के विमान के उतरल ऐतिहासिक पल

एकरा पहिले प्रधानमंत्री मोदी मोरन बाईपास पs बनल इमरजेंसी लैंडिंग फैसिलिटी पs उतरलें, जवन अपने आप में ऐतिहासिक पल रहल। सी-130जे सुपर हरक्यूलिस से ELF पs पीएम के लैंडिंग पहिला बेर भइल। एकरा बाद ऊ फाइटर जेट, ट्रांसपोर्ट विमान आ हेलीकॉप्टर के हवाई प्रदर्शन (एयर शो) देखलें।
बतावल जा रहल बा कि ई इमरजेंसी लैंडिंग फैसिलिटी पूर्वोत्तर भारत में अपना तरे के पहिला सुविधा हs। एकरा निर्माण से आपात इस्थिति में सेना आ नागरिक विमानन दुनो के लैंडिंग आ टेक-ऑफ में मदद मिली।

का हs इमरजेंसी लैंडिंग फैसिलिटी (ELF)?

असल में ELF माने इमरजेंसी लैंडिंग फैसिलिटी युद्ध आ आपात इस्थिति में वैकल्पिक रनवे के रूप में काम करेला। एमे हाईवे पs हवाई पट्टी बनावल जाला, जहां से फाइटर जेट, ट्रांसपोर्ट विमान आ हेलीकॉप्टर आपात हालात में उतर सकेला आ उड़ान भर सकेला।

ELF करीब 40 टन तक के फाइटर विमान आ 74 टन तक अधिकतम टेक-ऑफ वजन वाला परिवहन विमान संभाले में सक्षम बा।

बतावल गइल बा कि देस भर में कुल 28 ELF बनावे के योजना बा। अभी असम के छोड़ के देस में पांच जगह एह तरे के सुविधा मवजूद बा। असम में ई सुविधा खास एहुसे अहम बा काहे कि ई चीन सीमा के बहुते नजदीक बा, जवन सामरिक नजरिया से बहुते महत्वपूर्ण मानल जाला।

देस में जवा जगे ELF के सुविधा बा

  • राजस्थान के बाड़मेर (NH-925A)
  • उत्तर प्रदेश के आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे
  • उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल एक्सप्रेसवे
  • ओडिशा के बालासोर (NH-16)
  • आंध्र प्रदेश के नेल्लोर (NH-16)

Read Also: Pulwama Martyrs Tribute : पीएम नरेंद्र मोदी आ उपराष्ट्रपति बलिदानी वीर जवानन के दिहल लोग श्रद्धांजलि, अदम्य साहस के इयाद कइलें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-