Asia Cup: अभ्यास सत्र के दौरान बिना प्रायोजक के जर्सी पहिने नजर आइल भारतीय खिलाड़ी, गिल कइलें बुमराह के सामना

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम दुबई पहुंचला के संगही एशिया कप खातिर तइयारी सुरू कs देले बिया। भारत सुक के आईसीसी अकादमी जवना से ई संकेत मिल रहल बा कि टीम एशिया कप में बिना प्रायोजक वाली जर्सी पहिनके खेले उतरी। ड्रीम-11 से हाले में मुख्य प्रायोजक के करार टूटला के कारण खिलाड़ी बिना प्रायोजक वाली जर्सी पहिनके उतरल लो।

ड्रीम-11 बीसीसीआई के संगे तुड़ले रहे करार

ड्रीम-11 हाले में स्पॉन्सरशिप से पीछे हट गइल रहे आ उ बीसीसीआई के संगे आपन करार के तुड़ लेले रहे। इंग्लैंड दौरा तक टीम इंडिया के जर्सी पs ड्रीम-11 के लोगो दिखाई देत रहे, बाकिर हाले में पारित ‘ऑनलाइन गेमिंग बिल 2025’ के कारण कंपनी के अपना संचालन में मुश्किलन के सामना करे के पड़ल आ उ अनुबंध से बाहर निकले के फैसला कइलस।

सैमसन जितेश पs देलें ध्यान

अभ्यास सत्र के दौरान गिल नेट पs लमहर समय बितवलें आ एह दौरान उ तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के गेना के सामना कइलें। ओहिजा, संजू सैमसन उमस भरल गर्मी में 30 मिनट तक बल्लेबाजी अभ्यास कइलें। सैमसन प्लेइंग-11 में सामिल होइहें कि ना एकरा के लेके फैसला दिलचस्प रहे वाला बा। विकेटकीपर के तौर पs उनकर प्रतिस्पर्धा जितेश शर्मा से बा। जितेश अभ्यास सत्र के दौरान विकेटकीपिंग अभ्यास कइलें आ एह दौरान सैमसन के नजर उनका पs रहल।

अभिषेक-तिलक कइल लो अभ्यास

नेट सत्र से पहिले भारतीय खिलाड़ी वार्मअप कइल लो। गिल आ बुमराह के बीच नेट्स पs प्रतिस्पर्धा देखे लायक रहे। गिल के संगे कप्तान सूर्यकुमार यादव बल्लेबाजी अभ्यास कइलें। सूर्यकुमार हर्निया के सर्जरी के बाद मैदान पs वापसी करत रहलें। ई दुनो बल्लेबाजन से पहले जितेश, अभिषेक शर्मा आ तिलक वर्मा बल्लेबाजी कइलें। अभिषेक गेंदबाजी अभ्यास कइलें। ओहिजा, टीम के गेंदबाजी कोच मोर्ने मोर्कल शिवम दुबे के रन अप आ एक्शन पs करीब से निगरानी रखलें।

अर्शदीप-राणा फिटनेस ड्रिल पs बितवलें समय

बुमराह आ हार्दिक पांड्या के अलावा तेज गेंदबाज अर्शदीप सिंह आ हर्षित राणा गेंदबाजी के अलावे फिटनेस ड्रिल पs जादे समय बितावल लो। भारत के एशिया कप में अपना पहिला मैच 10 सितंबर के मेजबान यूएई के खिलाफ खेले के बा। 14 सितंबर के टीम पाकिस्तान से भिड़ी, जबकि 19 सितंबर के मुकाबला ओमान के संगे होई। 20 सितंबर से प्लेऑफ खेलल जाये के बा। भारत एह टूर्नामेंट में खिताब बचावे के इरादा से उतरी।

Read Also: UNGA Session: संयुक्त राष्ट्र सत्र में सामिल होखे खातिर अमेरिका ना जइहें पीएम मोदी; जयशंकर करिहें शिरकत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-