Asia Cup: चयनकर्ता लोगन के सोझा अब एशिया कप के चुनौती, गिल-यशस्वी के संगे ई खिलाड़ी दउड़ में बा लोग सामिल

Asia Cup 2025

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के इंग्लैंड दौरा पूरा हो गइल बा आ खिलाड़ी स्वदेश लवट रहल बा लो। शुभमन गिल के अगुआई में भारत एह दौरा पs सानदार प्रदर्शन कइलस। भारतीय टीम के सामने अब अगिला चुनौती एशिया कप के होई जहां उ खिताब के बचाव खातिर उतरी। एशिया कप के सुरुआत नव सितंबर से होई आ अबकी बेर ई टूर्नामेंट टी20 प्रारूप में खेला जाएगा।

चयनकर्ता लाेगल के सोझा एशिया कप खातिर टीम चुने के चुनौती होई। भारतीय टी20 टीम पिछला कुछ समय में लगातार अच्छा प्रदर्शन कइले बिया। मानल जा रहल बा कि अगस्त के तीसरका हफ्ता तक एशिया कप खातिर टीम घोषित हो जाई। एकरा खातिर यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल आ साई सुदर्शन टीम में जगह बनावे के दावेदारन में सामिल बा लोग। न्यूज एजेंसी पीटीआई के रिपोर्ट के हवाले से भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सूत्र बतावल लो कि राष्ट्रीय चयनकर्ता सब विकल्प खुला रखले बा लोग।

आईपीएल 2025 में खूब चलल गिल-यशस्वी आ सुदर्शन के बल्ला

भारत जदि 28 सितंबर के होखे वाला महाद्वीपीय टी20 टूर्नामेंट के फाइनल खातिर क्वालिफाई करत बा तs वेस्टइंडीज के खिलाफ घरेलू मैदान पs टेस्ट सीरीज एकरा एक हफ्ता से कम समय में सुरू होई। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच पहिला टेस्ट मैच दु अक्टूबर से अहमदाबाद में खेलल जाये के बा। यशस्वी आईपीएल के पिछला सीजन में सानदार फॉर्म में रहस आ उ 160 के स्ट्राइक रेट से 559 रन बनवले रहस, जबकि गिल 15 मैचन में 155 से जादे के स्ट्राइक से 650 रन बनवले रहस। ओहिजा, गुजरात टाइटंस में गिल के ओपनिंग साझेदार साई सुदर्शन 156 के स्ट्राइक रेट से 759 रन बनवले रहस आ ऑरेंज कैप अपना नावे करे में सफल रहल रहस।

बीसीसीआई के एक सूत्र कहलस, पांच हफ्ता के ब्रेक आ क्रिकेट ना होखला के कारण संजू सैमसन आ अभिषेक शर्मा के शानदार प्रदर्शन के बादो एह तीनो के टी20 टीम में जगह मिले के चाहीं। एशिया कप में 21 दिन में अगर केहू फाइनल तक खेलत बा तs ई छव टी20 मैच होई आ ई काम के जादे बोझ नइखे, बाकिर एशिया कप खातिर 17 सदस्यीय टीम के चुने के अनुमति मिलला के बाद चयनकर्ता सब विकल्पन पs सावधानी से विचार करी लो।

बुमराह-सिराज के उपलब्धता बड़ मुद्दा

एशिया कप के आयोजन यूएई में होखे के बा आ उहां के पिच आ एकरा छव महीना बाद होखे वाला टी20 विश्व कप के देखत यशस्वी, गिल आ सुदर्शन तार्किक रूप से शीर्ष क्रम के अहम खिलाड़ी हो सकत बा लोग। 2023 में वनडे डेब्यू करे वाला सुदर्शन टी20 में शानदार फॉर्म में दिखल बाड़ें। हालांकि सबसे बड़ मुद्दा तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह आ मोहम्मद सिराज के उपलब्धता बा। दुनो गेंदबाजन के अलग-अलग प्रारूपन के काम के बोझ के बाद सावधानीपूर्वक प्रबंधित कइल गइल बा आ चयन बैठक से पहिले फिटनेस आकलन से गुजरे के उम्मीद बा।

Read Also: CBSE 10th Supplementary Result 2025 OUT: सीबीएसई मैट्रिक सप्लीमेंट्री रिजल्ट घोषित, वेबसाइट, SMS से चेक कs सकत बा नतीजा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-