Asia Cup: 17 साल में पहिला बेर एशिया कप स्क्वॉड में ना खेली लो रोहित भा विराट, जानीं 2008 से केतना बदलल भारतीय टीम?

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप (Asia Cup) टी20 टूर्नामेंट के आगाज अगिला महीना से होखे जा रहल बा। नव सितंबर से 28 सितंबर तक टी20 प्रारूप में चले वाला एह टूर्नामेंट के फैंस बेसब्री से इंतजार कs रहल बा लो। खासतौर पs इंतजार भारत आ पाकिस्तान के बीच होखे वाला हाईवोल्टेज मुकाबला के लेके बा। टूर्नामेंट के शेड्यूल के मोताबिक, ई मैच 14 सितंबर के दुबई में होखे के बा। हालांकि, अभी ले ई तय नइखे भइल कि भारतीय टीम ई मैच खेली कि ना।

ओहिजा, भारत आपन पहिला मैच 10 सितंबर के यूएई के खिलाफ खेली। 2008 के बाद अइसन पहिला बेर होई, जब भारतीय स्क्वॉड में रोहित शर्मा भा फेर विराट कोहली के नाम ना होखे। 17 साल बाद टीम एह दुनो में से केहूओ के ना रहते ई टूर्नामेंट खेली। आईं जानल जाव कि 2008 से भारतीय टीम केतना बदलल बिया।

Asia Cup (2008, 2010, 2012) : भारतीय टीम

Asia Cup: First time in 17 years, Rohit Sharma or Virat Kohli will not be seen in squad Team India since 2008
रोहित आ विराट – फोटो : PTI/ICC/BCCI
  • 2008 में जवन एशिया कप खेलल गइल रहे, ओमे महेंद्र सिंह धोनी कप्तान रहस। ओहिजा, रोहित शर्मा के ई पहिला एशिया कप रहे। ओह संस्करण में विराट टीम के हिस्सा ना रहस। युवराज सिंह उपकप्तान रहस। वनडे प्रारूप में खेलल गइल ओह संस्करण में टीम इंडिया तब फाइनल में पहुंचल रहे। हालांकि, श्रीलंका के हाथो 100 रन से हार के सामना करे के पड़ल रहे।
  • 2010 में वनडे प्रारूप में खेलल गइल एशिया कप में धोनी कप्तानी कइले रहस। ओह संस्करण में रोहित शर्मा आ विराट कोहली दुनो टीम इंडिया के हिस्सा रहल रहे लो। हालांकि, टीम के उपकप्तान केहू के ना बनावल गइल रहे। 2010 में भारतीय टीम फाइनल में श्रीलंका के 81 रन से हराके चैंपियन बनल रहे।
  • 2012 में वनडे प्रारूप में खेले गइल एशिया कप में धोनी कप्तान रहस। विराट कोहली के उपकप्तानी के जिम्मेदारी सउपल गइल रहे आ रोहित शर्मा स्क्वॉड के हिस्सा रहस। 2012 में टीम इंडिया सेमीफाइनल में हारके बाहर हो गइल रहे। पाकिस्तान फाइनल में बांग्लादेश के दु रन से हराके खिताब जीतले रहे।
2008 2010 2012
महेंद्र सिंह धोनी (कप्तान)
युवराज सिंह
गौतम गंभीर
वीरेंद्र सहवाग
रोहित शर्मा
रॉबिन उथप्पा
सुरेश रैना
इरफान पठान
यूसुफ पठान
पीयूष चावला
प्रज्ञान ओझा
मनप्रीत गोनी
प्रवीण कुमार
ईशांत शर्मा
आर.पी. सिंह
श्रीसंत (विदड्रॉ)
महेंद्र सिंह धोनी (कप्तान)
गौतम गंभीर
दिनेश कार्तिक
विराट कोहली
सुरेश रैना
रोहित शर्मा
सौरभ तिवारी
वीरेंद्र सहवाग (विदड्रॉ)
रविचंद्रन अश्विन
रवींद्र जडेजा
आशीष नेहरा
हरभजन सिंह
जहीर खान
प्रवीण कुमार
प्रज्ञान ओझा
अशोक डिंडा
महेंद्र सिंह धोनी (कप्तान)
विराट कोहली (उपकप्तान)
गौतम गंभीर
सचिन तेंदुलकर
सुरेश रैना
रोहित शर्मा
मनोज तिवारी
रविचंद्रन अश्विन
रवींद्र जडेजा
इरफान पठान
यूसुफ पठान
अशोक डिंडा
प्रवीण कुमार
राहुल शर्मा
विनय कुमार

Asia Cup (2014, 2016, 2018): भारतीय टीम

Asia Cup: First time in 17 years, Rohit Sharma or Virat Kohli will not be seen in squad Team India since 2008
विराट कोहली, रोहित शर्मा आ धोनी – फोटो : ANI
  • 2014 में वनडे प्रारूप में खेलल गइल एशिया कप में विराट कोहली कप्तानी कइले रहस। धोनी कवनो कारण से नाम वापस ले लेले रहस। ओह टीम में रोहित शर्मा रहस। 2014 में भारतीय टीम सेमीफाइनल में हार गइल रहे। तब फाइनल में श्रीलंका पाकिस्तान के पांच विकेट से हराके खिताब जीतले रहे।
  • 2016 में पहिला बेर एशिया कप टी20 प्रारूप में खेलल गइल रहे। धोनी के ई बतौर कप्तान आखिरी एशिया कप रहल। टीम में विराट कोहली आ रोहित शर्मा दुनो रहे लो। भारतीय टीम चैंपियन बनल रहे। उ फाइनल में बांग्लादेश के आठ विकेट से हराके खिताब जीतले रहे।
  • 2017 के सुरुआत में धोनी द्वारा सीमित ओवर के क्रिकेट के कप्तानी छोड़ला के बाद विराट कप्तान बनल रहस। हालांकि, 2018 एशिया कप से पहिले उ कवनो कारण से नाम वापस ले लेले रहस। अइसन में रोहित के कप्तानी के जिम्मा सउपल गइल। ओहिजा, शिखर धवन के उपकप्तान बनावल गइल। धोनी बतौर विकेटकीपर ओह टीम के हिस्सा रहस। वनडे प्रारूप में खेलल गइल ओह संस्करण के भारत अपना नामे कइले रहे। फाइनल में रोहित के अगुआई वाली टीम बांग्लादेश के तीन विकेट से हराके खिताब अपना नामे कइले रहे।
2014 2016 (T20) 2018
विराट कोहली (कप्तान)
शिखर धवन
दिनेश कार्तिक
चेतेश्वर पुजारा
अजिंक्य रहाणे
अंबाती रायुडू
रोहित शर्मा
महेंद्र सिंह धोनी (विदड्रॉ)
रविचंद्रन अश्विन
स्टुअर्ट बिन्नी
रवींद्र जडेजा
वरुण एरोन
भुवनेश्वर कुमार
अमित मिश्रा
मोहम्मद शमी
इश्वार पांडे
महेंद्र सिंह धोनी (कप्तान)
शिखर धवन
विराट कोहली
पार्थिव पटेल
अजिंक्य रहाणे
सुरेश रैना
रोहित शर्मा
युवराज सिंह
रविचंद्रन अश्विन
रवींद्र जडेजा
हार्दिक पंड्या
जसप्रीत बुमराह
हरभजन सिंह
भुवनेश्वर कुमार
पवन नेगी
आशीष नेहरा
मोहम्मद शमी (विदड्रॉ)
रोहित शर्मा (कप्तान)
शिखर धवन (उपकप्तान)
एम.एस. धोनी
दिनेश कार्तिक
मनीष पांडे
के.एल. राहुल
अंबाती रायुडू
रवींद्र जडेजा
केदार जाधव
हार्दिक पांड्या (विदड्रॉ)
अक्षर पटेल (विदड्रॉ)
खलील अहमद
जसप्रीत बुमराह
युजवेंद्र चहल
दीपक चाहर
सिद्धार्थ कौल
कुलदीप यादव
भुवनेश्वर कुमार
शार्दुल ठाकुर (विदड्रॉ)

Asia Cup (2022, 2023) : भारतीय टीम

Asia Cup: First time in 17 years, Rohit Sharma or Virat Kohli will not be seen in squad Team India since 2008
रोहित आ विराट – फोटो : PTI/ICC/BCCI
  • 2022 में ई टूर्नामेंट फेर से टी20 प्रारूप में खेलल गइल रहे। धोनी रिटायर हो चुकल रहस, जबकि विराट सीमित ओवरन के कप्तानी से हट चुकल रहस। अइसन में रोहित के अगुआई में टीम इंडिया एह टूर्नामेंट में उतरल रहे। ओहिजा, केएल राहुल उपकप्तान बनावल गइलें। विराट एह संस्करण में स्क्वॉड के हिस्सा रहस। हालांकि, भारतीय टीम सेमीफाइनल में हारके टूर्नामेंट से बाहर हो गइल रहे। फाइनल में श्रीलंका पाकिस्तान के 23 रन से हरवले रहे।
  • 2023 में एक बेर फेर से ई प्रारूप वनडे में खेलल गइल। रोहित टीम के कप्तान रहस, जबकि विराट टीम के हिस्सा रहस। भारतीय टीम खिताब जीतले रहे आ फाइनल में श्रीलंका के 10 विकेट से शिकस्त देले रहे।
2022 (T20) 2023
रोहित शर्मा (कप्तान)
के.एल. राहुल (उपकप्तान)
दिनेश कार्तिक
विराट कोहली
ऋषभ पंत
सूर्यकुमार यादव
रविचंद्रन अश्विन
दीपक हुड्डा
हार्दिक पंड्या
अक्षर पटेल
रवींद्र जडेजा (विदड्रॉ)
अर्शदीप सिंह
युजवेंद्र चहल
दीपक चाहर
भुवनेश्वर कुमार
रवि बिश्नोई
आवेश खान (विदड्रॉ)
रोहित शर्मा (कप्तान)
ईशान किशन
श्रेयस अय्यर
विराट कोहली
के.एल. राहुल
शुभमन गिल
सूर्यकुमार यादव
रवींद्र जडेजा
हार्दिक पंड्या
तिलक वर्मा
वॉशिंगटन सुंदर
अक्षर पटेल (विदड्रॉ)
जसप्रीत बुमराह
कुलदीप यादव
मोहम्मद शमी
मोहम्मद सिराज
प्रसिद्ध कृष्णा
शार्दुल ठाकुर
Asia Cup: First time in 17 years, Rohit Sharma or Virat Kohli will not be seen in squad Team India since 2008
विराट, द्रविड़ आ रोहित – फोटो : ANI
2025 में ई टूर्नामेंट टी20 प्रारूप में खेलल जाई। रोहित आ विराट दुनो टी20 अंतरराष्ट्रीय से संन्यास ले चुकल बा लो आ सूर्यकुमार यादव एह संस्करण में टीम के कमान संभाल सकत बाड़ें। टीम अबकी बेर पूरा तरे बदलल नजर आ सकत बिया। मध्यक्रम से लेके ओपनिंग आ नया गेंदबाज नजर आ सकत बा लो। अगिला साल टी20 विश्व कप के देखत भारत खातिर ई टूर्नामेंट बहुते महत्वपूर्ण होई।

भारत-श्रीलंका के नाम एक-एक Asia Cup टी20 का खिताब

एशिया कप वनडे आ टी20 दुनो प्रारूपन में खेलल जाला। अगिला साल होखे वाला आईसीसी के मेजर टूर्नामेंट के देखत एकर प्रारूप तय कइल जाला। उदाहरण के तौर पs अगिला साल टी20 विश्व कप खेलल जाये के बा, एह वजह से एह साल एशिया कप टी20 प्रारूप में खेलल जा रहल बा। ओहिजा, 2023 में वनडे विश्व कप भइल रहे। एह वजह से उ ओह साल एशिया कप वनडे प्रारूप में खेलल गइल रहे।

1984 में एह टूर्नामेंट के सुरुआत भइल रहे आ तबसे लेके 2014 तक ई टूर्नामेंट वनडे प्रारूप में खेलल गइल। 2016 में पहिला बेर एशिया कप के आयोजन टी20 प्रारूप में भइल रहे। फेर 2022 में दूसरका बेर ई टूर्नामेंट टी20 फॉर्मेट में खेलल गइल। 2018 आ 2023 में ई वनडे प्रारूप में खेलल गइल रहे। 2016 में भारत, जबकि 2022 में श्रीलंका एशिया कप टी20 अपना नामे कइले रहे। वनडे आ टी20, दुनो प्रारूपन के मिला दिहल जाव, तs भारत कुल आठ बेर चैंपियन बनल बा। एकरा बाद श्रीलंका के नंबर आवेला। ई टीम छव बार एशिया कप के खिताब जीत चुकल बिया। ओहिजा, पाकिस्तान के टीम दु बेर चैंपियन बनल बा।

हर बेर के विजेता टीम

साल प्रारूप मेजबान विजेता उप-विजेता
1984 वनडे यूएई भारत श्रीलंका
1986 वनडे श्रीलंका श्रीलंका पाकिस्तान
1988 वनडे बांग्लादेश भारत श्रीलंका
1990-91 वनडे भारत भारत श्रीलंका
1995 वनडे यूएई भारत श्रीलंका
1997 वनडे श्रीलंका श्रीलंका भारत
2000 वनडे बांग्लादेश पाकिस्तान श्रीलंका
2004 वनडे श्रीलंका श्रीलंका भारत
2008 वनडे पाकिस्तान श्रीलंका भारत
2010 वनडे श्रीलंका भारत श्रीलंका
2012 वनडे बांग्लादेश पाकिस्तान बांग्लादेश
2014 वनडे बांग्लादेश श्रीलंका पाकिस्तान
2016 टी20 बांग्लादेश भारत बांग्लादेश
2018 वनडे यूएई भारत बांग्लादेश
2022 टी20 यूएई श्रीलंका पाकिस्तान
2023 वनडे पाकिस्तान
श्रीलंका
भारत श्रीलंका

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-