Asia Cup 2025 Squad : भारतीय टीम के ऐलान, गिल के मिलल बड़ जिम्‍मेदारी, टेस्‍ट के बाद अब टी20 में झंडा गाड़े के मवका

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप 2025 खातिर भारतीय टीम (Asia Cup 2025 Squad) के एलान हो चुकल बा। सूर्यकुमार यादव टीम के कप्‍तान बाड़ें। हालांकि, उपकप्‍तानी के जिम्‍मेदारी शुभमन गिल के सउपल गइल बा। इंग्‍लैंड के खिलाफ टेस्‍ट सीरीज से पहिले रोहित शर्मा टेस्‍ट क्रिकेट से संन्‍यास के एलान कs देले रहस।

अइसन में गिल के टेस्‍ट टीम के कप्‍तान बनावल गइल रहे। बतौर कप्‍तान गिल कमान के बल्‍लेबाजी कइले रहस आ 700 से जादे रन बना देले रहस। उ एह दिनन सानदार फॉर्म में चल रहल बाड़ें। अब टी20 फॉर्मेट में उनका के अहम जिम्‍मेदारी सउपल गइल बा।

शुभमन गिल जनवरी 2023 में श्रीलंका के खिलाफ टी20 इंटरनेशनल डेब्‍यू कइले रहस। उ अपना करिअर में अब तक खेलल 21 टी20 इंटरनेशनल के 21 पारियन में 30.42 के औसत आ 139.27 के स्‍ट्राइक रेट से 578 रन बनवले बाड़ें। एह दौरान गिल 3 अर्धशतक के संगही 1 शतक लगवले बाड़ें। एह प्रारूप में उनकर बेस्‍ट स्‍कोर नाबाद 126 रन बा।

Asia Cup 2025 Squad

सूर्यकुमार यादव, शुभमन गिल, अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, जितेश शर्मा, जसप्रीत बुमराह, वरुण चक्रवर्ती, अर्शदीप सिंह, कुलदीप यादव, संजू सैमसन, हर्षित राणा, रिंकू सिंह।

एशिया कप 2025 खातिर स्‍टैंड बाय प्‍लेयर

प्रसिद्ध कृष्णा, यशस्वी जायसवाल, वॉशिंगटन सुंदर, रियान पराग और ध्रुव जुरेल।

Read Also: Chhapra News : बदल गइल पुलिस अधिकारियन के मोबाइल नंबर: अब BSNL ना एयरटेल नेटवर्क के होई उपयोग, नेटवर्क समस्या बनल वजह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-