यूएई में एशिया कप आज से होइ शुरू, 15 दिन में खेलल जाई 13 मुकाबला, श्रीलंका अउरी अफगानिस्तान में पहिला टक्कर

Share

एशिया कप क्रिकेट के शनिचर से इहां शुरुआत होखे जा रहल बा। पहिला मुकाबला शनिचर के श्रीलंका अउरी अफगानिस्तान के बीच ग्रुप बी में खेलल जाई। अफगानिस्तान अपने पिछले पांच टी-20 अंतरराष्ट्रीय मुकाबला में से तीन में जीत दर्ज कइलें बा। दूसरा ओर श्रीलंका के अपने पिछले पांच में से चार में हार मिलल बा।

अगर क्वालिफायर हांगकांग के छोड़ देहल जाव त बाकी पांच टीम सात बेर के चैंपियन भारत, पाकिस्तान, श्रीलंका, अफगानिस्तान अउरी बांग्लादेश खास दिन प्रतिद्वंद्वी टीम के मात देहलें में सक्षम बा। छह साल के बाद ई टूर्नामेंट टी-20 प्रारूप में हो रहल बा। पहिले एकर आयोजन श्रीलंका में होखे के रहल लेकिन आर्थिक संकट के चलते उ मेजबानी से हाथ पीछे खींच लिहलस।

बेशक, यूएई में हालात ओइसन नाइ होई जइसन अक्तूबर-नवंबर में टी-20 विश्वकप में ऑस्ट्रेलिया में होखे के बा लेकिन सब टीमन के लग्गे एह प्रारूप में आपन तैयारी के जायजा लेहले के अउरी टीम संयोजन तय कइलें के मौका मिली। अइसन में कड़ी टक्कर देखे के मिल सकsता। फेर टी-20 के अनिश्चितता एकरे रोमांच के अउरी परवान चढ़ाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-