अशोक गहलोत के बड़ एलान, कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर लड़िहें चुनाव

Share

कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव के सरगर्मी के बीचे राजस्थान के सीएम अशोक गहलोत बड़ एलान कइलें बानें। उ अध्यक्ष पद के चुनाव लड़े के घोषणा करत कहलें कि हम एह चुनाव खातिर पर्चा करब। एह दौरान उ इहो भी कहलें कि गांधी परिवार के कौनो भी व्यक्ति एह बेर कांग्रेस के अध्यक्ष नाइ बनी।

केरल में मीडिया के सवाल के जवाब देत गहलोत कहलें, हम राहुल गांधी से कई बेर बात करे के कोशिश कइलीं कि उनके अध्यक्ष बने के चाहीं। प्रदेश कांग्रेस कमेटी भी इहे प्रस्ताव पास कइले बा, लेकिन उ एकरे खातिर मना कर दिहलें अउरी कहले कि कि एह बेर गांधी परिवार के कौनो भी व्यक्ति कांग्रेस अध्यक्ष पद के चुनाव नाइ लड़िहें।

गहलोत कहलें, ई तय बा कि हम कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर चुनाव लड़ब। हम जल्दिए नामांकन दाखिल करे खातिर तारीख तय करब उ कहलें कि देश के वर्तमान स्थिति के देखत विपक्ष के मजबूत करे के जरूरत बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-