Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारतीय महिला क्रिकेट टीम के गेंदबाज पूनम यादव के धमकी: जमीन पs कब्जा करे के भूमाफिया कs रहल बा प्रयास, कमिश्नर से कइली शिकायत

200

भारतीय महिला क्रिकेट टीम के खिलाड़ी आ अर्जुन अवार्डी पूनम यादव के जमीन पs भूमाफिया कब्जा कइल चाहत बा। क्रिकेटर पूनम यादव कमिश्नर से एकर शिकायत कइले बाड़ी। कमिश्नर 10 दिन में जांच कs के रिपोर्ट देवे के निरदेस देले बाड़ी।

भारतीय महिला क्रिकेट टीम के सदस्य पूनम यादव आगरा के सैनिकपुरम में रहेली। पूनम यादव कमिश्नर रितु माहेश्वरी के लिखित शिकायत देले बाड़ी कि कुंडौल में ऊ 703 वर्ग मीटर जमीन कपिल कुमार से किनले रहली।

एकर दाखिला खारिज रेवेन्यू रिकॉर्ड में हो चुकल बा। 12 मई 2022 के लेखपाल कब्जा दिहल गइल। उनका जमीन के लगे अब बहुते डवलपमेंट हो चुकल बा।

उनका जमीन के कब्जावे के नीयत से भूमाफिया सक्रिय बाड़ें सs। भूमाफिया उनका के फोन पs धामकी दे रहल बा। जमीन खाली करे के धमकी दे रहल बा। 9 फरवरी 2024 के उनका लगे एगो फोन आइल। फोन करे वाला अपना आप के क्षेत्रीय लेखपाल भूपेंद्र सिंह बतवलें।

ऊ कहलें कि ई जमीन कपिल अग्रवाल के हs। एकरा के खाली कs दs, ना तs जबरन खाली करावल जाई। कमिश्नर रितु माहेश्वरी एसडीएम सदर के ममिला के जांच के आदेस देले बाड़ी। 10 दिन में रिपोर्ट तलब कइले बाड़ी।

851720cookie-checkभारतीय महिला क्रिकेट टीम के गेंदबाज पूनम यादव के धमकी: जमीन पs कब्जा करे के भूमाफिया कs रहल बा प्रयास, कमिश्नर से कइली शिकायत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.