मुजफ्फरपुर। बिहार के मुजफ्फरपुर शहर में हवा के हाल बेहाल हो गइल बा। फरवरी महीना में इहां प्रदूषण सब रिकॉर्ड तुड़ देलस। शहर के एयर क्वालिटी इंडेक्स (AQI) 400 के पार पहुंच गइल बा आ 439 से ऊपर दर्ज कइल गइल, जवन “अति खराब” श्रेणी में आवेला। एह दमघोंटू हवा से लोगन के सांस लेवे में परेसानी हो रहल बा आ बीमार पड़े के खतरा बढ़ गइल बा। हालात एतना खराब बा कि आम लोगन के रोजमर्रा के जिनगी मुश्किल हो गइल बा। इस्थिति देख नगर निगम प्रशासन अब रोकथाम में जुटल बा, बाकिर फिलहाल राहत मिलत नजर नइखे आ रहल।
साल में दुसरका बेर दर्ज भइल एतना खराब AQI
प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के ताजा आंकड़ा के अनुसार, ई साल में दुसरका बेर मुजफ्फरपुर के AQI एतना ऊपर चढ़ल बा। केंद्रीय आ राज्य प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के रिपोर्ट में खुलासा भइल बा कि जिला के औसत AQI 439 दर्ज कइल गइल। शहर के अलग-अलग इलाकन में हाल आउर खराब देखे के मिलल। मिठनपुरा इलाका में AQI 416, ब्रह्मपुरा-दाउदपुर में 406, बुद्ध कॉलोनी में 409 आ अरारदह में 413 तक पहुंच गइल बा। हर तरफ धूल, धुआं आ बारीक कण हवा में घुलल बा, जवन सेहत खातिर बहुते खतरनाक बा।
ठंड से तनिका राहत मिलतही प्रदूषण के ई मार लोगन खातिर नया मुसीबत बन गइल बा। सांस से जुड़ल बेमारी, दमा, एलर्जी आ आंख जलन जइसन समस्या बढ़े के आशंका तेज हो गइल बा। अस्पतालन में मरीजन के संख्या बढ़त जा रहल बा।
नगर निगम के कोसिस बेअसर
प्रदूषण पs काबू पावे खातिर नगर निगम प्रशासन शहर में स्प्रिंकल वैन से पानी के छिड़काव करा रहल बा, बाकिर ई उपाय अब बेअसर साबित हो रहल बा। हवा में मवजूद जहरीला कण कम होखे के नाम नइखे ले रहल। खतरनाक आंकड़ा सामने आवतही नगर निगम अलर्ट मोड में आ गइल बा आ अब ठोस योजना बनाके सख्त कार्रवाई के तइयारी कइल जा रहल बा। प्रशासन के दावा बा कि जल्दिये प्रदूषण पs लगाम लगावे खातिर आउर कड़ा डेग उठावल जाई, ताकि शहरवासी के सांस लेवे लायक साफ हवा मिल सके।
Read Also: Kushinagar Road Accident : कुशीनगर में हाईवे पs ट्रक-कार भिड़ंत, तीन जुवकन के मौत, चार गंभीर घायल







