एपल भारत में लॉन्च करी आपन पहिला क्रेडिट कार्ड: HDFC बैंक के संगे पार्टनरशिप के प्लान, लेट पेमेंट फीस ना ली कंपनी

Anurag Ranjan

टेक कंपनी एपल जल्द भारत में आपन पहिला क्रेडिट कार्ड ‘एपल कार्ड’ लॉन्च करी। मनीकंट्रोल सूत्रन के हवाले से बतवलें कि एपल भारत में आपन क्रेडिट कार्ड पेश करे खातिर HDFC बैंक के संगे पार्टनरशिप करे के प्लान बना रहल बा।

ई कंपनी के को-ब्रांडेड क्रेडिट कार्ड होई। हालांकि, अभी तक एकरा बारे में एपल भा HDFC बैंक के ओर से ऑफिशियल तौर पs कवनो जानकारी नइखे दिहल गइल।

भारत यात्रा के दौरान HDFC के CEO से मिलल रहलें कुक

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, अप्रिल में एपल के CEO टिम कुक भारत यात्रा के दौरान HDFC बैंक के CEO आ MD शशिधर जगदीशन से मुलाकात कइले रहस।

लेट पेमेंट फीस ना ली कंपनी

अमेरिका में कंपनी कार्ड होल्डर्स से लेट पेमेंट करे पs कवनो तरे के लेट फीस ना लेला। बतावल जा रहल बा कि भारत में कंपनी ड्यू बिल के लेट पेमेंट कइला पs चार्ज ना ली। हालांकि, कार्ड यूजर्स के अपना ड्यू पेमेंट पs ब्याज तs देवही के होई। एकरा संगही एह कार्ड के जरिए पेमेंट कs के एपल प्रोडक्ट्स किने पs कंपनी कैशबैक आ इंस्टेंट डिस्काउंट दी।

एपल RBI से चरचा कइलस 

एपल के अधिकारी लोग कार्ड के बारे में भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) के संगे चरचा कइले बा लो। RBI एपल के कार्ड खातिर निर्धारित प्रक्रिया के पालन करे के कहले बा लो। केंद्रीय बैंक स्पष्ट कइलस कि एपल के भारत में क्रेडिट कार्ड ले आवे खातिर विशेष छूट ना दिहल जाई।

अभी खाली अमेरिका में कार्ड इश्यू करेला एपल

एपल अभी खाली में अमेरिका में क्रेडिट कार्ड इश्यू करत बा। कंपनी गोल्डमैन सैक्स आ मास्टरकार्ड के संयुक्त पार्टनरशिप के संगे लॉन्च कइले रहे।

अमेजन-सैमसंग सहित आउर टेक कंपनी क्रेडिट कार्ड लॉन्च कs चुकल बाड़ी सs

एपल कार्ड के भारत में लॉन्च होखे के लेके खबर अइसन समय में आइल बा जब अमेजन, सैमसंग आ गूगल जइसन टेक दिग्गज पेमेंट सेक्टर में आपन बिजनेस के बढ़ा रहल बा। ई तीनों कंपनी भारत में अपना-अपना को-ब्रांडेड क्रेडिट कार्ड लॉन्च कइले बाड़ी सs।

भारत में क्रेडिट कार्ड काहे लॉन्च कइल चाहत बिया कंपनी

एपल पिछला कुछ सालन से आपन प्रोडक्ट्स बनावे खातिर भारत पs फोकस कर रहल बा। हाले में कंपनी भारत से आईफोन के एक्सपोर्ट के नया रिकॉर्ड बना देले बा। इंडिया सेलुलर एंड इलेक्ट्रॉनिक्स एसोसिएशन (ICEA) के रिपोर्ट के मोताबिक, मई महीना में भारत से टोटल 12,000 करोड़ रुपिया के स्मार्टफोन एक्सपोर्ट भइल बा, जेमे 80% आईफोन सामिल बा।

ICEA के डेटा के अनुसार, मई महीना में भारत से 10,000 करोड़ रुपिया के आईफोन एक्सपोर्ट भइल बा। फाइनेंशियल ईयर 2022-23 (FY23) में भारत 5 बिलियन डॉलर माने 40,951 करोड़ रुपिया के वैल्यू के आईफोन एक्सपोर्ट कइल गइल रहे। एकरा संगही आईफोन भारत में ई मुकाम हासिल करे वाला पहिला ब्रांड बन गइल बा। अइसन में भारत में कंपनी खुद के क्रेडिट कार्ड लॉन्च कs के पेमेंट क्षेत्र में आपन बिजनेस बढ़ावल चाहत बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।