टेक्नोलॉजी डेस्क। Apple जापान के फैशन हाउस Issey Miyake के संगे पार्टनरशिप कs के iPhone Pocket नाम के लिमिटेड-एडिशन 3D-निट एक्सेसरी लॉन्च कइले बा। एकरा के खास तौर पs iPhone, AirPods आ दूसरका छोट एसेंशियल्स के संगे रखे खातिर डिजाइन कइल गइल बा। ‘अ पीस ऑफ क्लॉथ’ कॉन्सेप्ट से इंस्पायर्ड ई iPhone Pocket टेक्नोलॉजी आ क्राफ्ट्समैनशिप के बेहतरीन ब्लेंड बतावल गइल बा, जवन दुनो ब्रांड्स के सिंपलिटी आ डिजाइन फिलॉसफी के शोकेस करेला। एकर रिब्ड आ फ्लेक्सिबल डिजाइन iPhone के सेफली लपेटेला आ स्क्रीन के तनी सा लउके देला। जवना से डिवाइस कैरी करे के एगो नया तरीका सामने आवेला।
iPhone Pocket के कीमत आ उपलब्धता
iPhone Pocket के शॉर्ट स्ट्रैप वर्जन के कीमत $149.95 (लगभग 13,300 रुपिया) रखल गइल बा, जवन आठ कलर ऑप्शन्स में आई- लेमन, मैंडरिन, पर्पल, पिंक, पीकॉक, सैफायर, सिनामन आ ब्लैक। ओहिजा, एकर लॉन्ग क्रॉसबॉडी वर्जन $229.95 (लगभग 20,400 रुपिया) में मिली, जवन पीकॉक, सैफायर, सिनामन आ ब्लैक कलर ऑप्शन्स में उपलब्ध होई। कंपनी के मोताबिक, दुनो वर्जन सब iPhone मॉडल्स के संगे कम्पैटिबल बा।
iPhone Pocket के बिक्री सुक, 14 नवंबर से चुनिंदा Apple Store लोकेशन्स आ Apple के ऑफिशियल वेबसाइट पs सुरू होई। ई एक्सेसरी अमेरिका, ब्रिटेन, फ्रांस, इटली, जापान, दक्षिण कोरिया, सिंगापुर, ग्रेटर चाइना सहित कइयन गो मार्केट्स में उपलब्ध होई।
iPhone Pocket के डिजाइन आ यूज
जापान में तइयार कइल गइल iPhone Pocket 3D-निटेड रिब्ड टेक्सचर के संगे आवेला, जवन Issey Miyake के सिग्नेचर ‘Pleats’ डिजाइन से इंस्पायर बा। एकर डिजाइन स्ट्रेचेबल बा, जवना से ई iPhone के संगे-संगे छोट सामान जइसे चाभी भा कार्ड्स रखे खातिर इस्तेमाल कइल जा सकत बा। एकरा के हैंडहेल्ड, बैग्स से टाई कs के भा बॉडी पs पहिनके यूज कइल जा सकत बा। माने ई एगो फंक्शनल एक्सेसरी के संगे-संगे फैशन स्टेटमेंटो बा।
Issey Miyake के डिजाइन डायरेक्टर Yoshiyuki Miyamae के मोताबिक, ई प्रोडक्ट ‘अपना तरीका से iPhone पहिने के आनंद’ के एक्सप्लोर करेला, जवन इंडिविजुअलिटी आ डेली यूज पs ध्यान देला।
ओहिजा, Apple के वाइस प्रेसिडेंट ऑफ इंडस्ट्रियल डिजाइन Molly Anderson कहलें कि ई कोलैबोरेशन ‘क्राफ्ट्समैनशिप, सिंपलिटी आ डिलाइट’ के जश्न हs, आ एकर कलर पैलेट खास तौर पs मौजूदा iPhone मॉडलन के संगे मैच करे खातिर तइयार कइल गइल बा।
Read Also: Bihar Politics : ’18 नवंबर के नया सरकार के शपथ…’, एग्जिट पोल के तेजस्वी बतवलें मनोवैज्ञानिक दबाव






