घोषणा: रिलायंस एआई आधारित सुपर कंप्यूटर बनाई
घोषणा से कुछ दिन पहिले एनवीडिया के संस्थापक अवुरी मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) जेनसेन हुआंग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कईले रहले। एनवीडिया भारत में साल 2004 में आपन परिचालन शुरू कईले रहे।
उद्योगपति मुकेश अंबानी के नेतृत्व में रिलायंस इंडस्ट्रीज बियफे के दिने अमेरिकी टेक्नोलॉजी कंपनी एनवीडिया के साथे मिल के भारत में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) पs आधारित सुपर कंप्यूटर बनावे के एलान कइलस।
दुनो कंपनी एगो बयान जारी क कहलस कि दुनो कंपनी मिल के एगो अयीसन एआई फ्रेमवर्क बनाई जवन कि आज भारत के सबसे तेज सुपर कंप्यूटर से जादे ताकतवर होई। रिलायंस के वार्षिक आम बइठक में मुकेश अंबानी हर भारतीय के आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस देवे के वादा कईले रहले, जियो प्लेटफॉर्म अवुरी एनवीडिया के एक संगे अईला से भारत आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के क्षेत्र में एगो बड़ शक्ति के रूप में उभर के सामने आई।
ए घोषणा से कुछ दिन पहिले एनवीडिया के संस्थापक अवुरी मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) जेनसेन हुआंग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कईले रहले। एनवीडिया भारत में साल 2004 में आपन परिचालन शुरू कईले रहे।
अमेरिकी कंपनी एनवीडिया के संगे भईल समझौता
अमेरिकी कंपनी एनवीडिया के संगे समझौता भईल आ कंपनी के गुरुग्राम, हैदराबाद, पुणे अवुरी बेंगलुरु में चार इंजीनियरिंग डेवलपमेंट सेंटर बा। एह केन्द्रन में करीब 3800 जवानन के काम बा। एनवीडिया के कहना बा कि रिलायंस के साथे भइल एह समझौता से भारत आपन बड़हन भाषा मॉडल बनाई जवना के देश के विविध भाषा पs प्रशिक्षित कइल जाई आ एकर इस्तेमाल जेनेरिक एआई एप्लीकेशन खातिर तइयारी कइल जाई।
एनवीडिया सबसे उन्नत जीएच200 ग्रेस हॉपर सुपरचिप अवुरी क्लाउड में एआई सुपरकंप्यूटिंग सेवा डीजीएक्स क्लाउड तक पहुंच प्रदान करी।
बयान में रिलायंस कहलस कि एनवीडिया से संचालित एआई फ्रेमवर्क रिलायंस इंडस्ट्रीज के दूरसंचार शाखा रिलायंस जियो इन्फोकॉम खातीर एआई में एगो नाया विस्तार बा।
Comments are closed.