Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Announcement Ayushman Yojana: बुजुर्ग लोग खातिर बढ़िया खबर, अब 70 साल से ऊपर के लोग के भी आयुषमान योजना के तहत इलाज होई

349

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू भाषण : राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आज संसद के संयुक्त अधिवेशन के संबोधित करत आयुषमान योजना से जुड़ल बुजुर्ग लोग के एगो बड़ खुशखबरी देली।

आयुषमान भारत योजना : आज देश के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू नया सरकार के गठन के बाद पहिला बार संसद के संयुक्त अधिवेशन के संबोधित कइली। एह संबोधन में सरकार के उपलब्धि के जिक्र करत ऊ भविष्य के रोड मैप के भी जिक्र कइली। ए दौरान राष्ट्रपति घोषणा कइली कि 70 साल से ऊपर के लोग के आयुषमान योजना के तहत इलाज करावे के होई। बता दीं कि भाजपा लोकसभा चुनाव खातिर अपना घोषणा पत्र में एकर वादा कइले रहे।

संसद के संयुक्त सदन के संबोधित करत राष्ट्रपति कहले कि नयका सरकार में हमनी के 70 साल से ऊपर के लोग के आयुष्मान भारत योजना के लाभ देवे वाला बानी। एतने ना सरकार भी लगातार किसान के ओर काम कर रहल बिया

आ हाल में डीबीटी के माध्यम से सरकार के ओर से 20 हजार करोड़ रुपया किसान के दिहल गइल बा। एकरा संगे सरकार किसान के आत्मनिर्भर बनावे के काम कइले बिया।

भाजपा बुजुर्गन के लेके वादा कइले रहे

बता दीं कि लोकसभा चुनाव के दौरान भाजपा आपन घोषणा पत्र जारी कइले रहे, जवना में पीएम मोदी कहले रहले कि बुजुर्ग के सबसे बड़ चिंता ई बा कि उनका बेमारी के इलाज कइसे होई। मध्यम वर्ग खातिर ई चिंता अउरी गंभीर बा। भाजपा संकल्प लेले बिया कि 70 साल से ऊपर के हर आदमी के आयुष्मान भारत योजना के तहत ले आवल जाई।

युवा लोग के भी जिक्र भइल

आज अपना संबोधन के दौरान राष्ट्रपति जी ‘माई भारत’ के भी जिक्र कइले अवुरी कहले कि सरकार राष्ट्र निर्माण में युवा के भागीदारी आ बढ़ावे खातीर हमार युवा भारत अभियान शुरू कइले बिया। राष्ट्रपति कहले कि अभी तक डेढ़ करोड़ से जादे युवा एकरा में पंजीकरण करा चुकल बाड़े। सातवा इहो कहले कि सरकार डिजिटल विश्वविद्यालय बनावे के दिशा में भी काम कर रहल बिया।

आयुष्मान योजना का हs?

बता दीं कि केंद्र सरकार आयुष्मान भारत योजना के शुरुआत साल 2018 में कइले रहे। एहमें लाभार्थी के आयुष्मान कार्ड मिल जाला । कार्ड के मदद से लाभार्थी अस्पताल में पांच लाख रुपया तक के इलाज करा सकतारे। देश के गरीब आ आर्थिक रूप से कमजोर नागरिकन के एकर फायदा मिलेला । अब राष्ट्रपति घोषणा कइले बाड़े कि 70 साल से ऊपर के लोग के भी ए योजना के लाभ मिली।

875480cookie-checkAnnouncement Ayushman Yojana: बुजुर्ग लोग खातिर बढ़िया खबर, अब 70 साल से ऊपर के लोग के भी आयुषमान योजना के तहत इलाज होई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.