Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Android 15: गूगल रिलीज कइलस एंड्रॉयड 15, एह फोन के मिली अपडेट, देखीं लिस्ट

326

जदि रउओ Android 15 के इंतजार करत रहनी तs रउआ खातिर गुड न्यूज बा। Google Pixel डिवाइसन खातिर Android 15 के रोलआउट सुरू कs देले बा। नया ऑपरेटिंग सिस्टम (OS) के तीन सितंबर के वैश्विक स्तर पs जारी कइल गइल रहे। Google Pixel डिवाइस पs एह अपडेट के फीचर्स के शेयर कइल गइल बा, जेमे सिक्योरिटी फीचर्स जइसन से Theft Detection Lock आ प्राइवेसी के बारे में जानकारी दिहल गइल बा। नया ओएस में प्राइवेसी के तौर पs Private Space  सामिल बा। एकरा अलावे, Android 15 फोल्डेबल स्मार्टफोन्स आ डिवाइसन खातिर कैमरा आ ऑथेंटिकेशन के बेहतर करी।

Android 15 फीचर्स

Google एगो ब्लॉग पोस्ट में बतवलस कि Android 15 अपडेट के संगे Pixel स्मार्टफोन्स पs कइयन गो नया फीचर्स आ रहल बा। एमे सबसे खास Theft Detection Lock फीचर बा, जवन आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) के इस्तेमाल कs के ई पता लगावेला कि डिवाइस के छीनल भा चुरावल गइल बा आ ओकरा बाद ऊ फोन के ऑटोमैटिक लॉक कs दी। एकरा अलावे यूजर्स मवजूदा Remote Lock फंक्शन के इस्तेमाल कs के अपना मोबाइल नंबर के माध्यम से डिवाइस के मैन्युअल रूप से लॉक कs सकत बानी।

Google डिवाइस सेटिंग्स के पहिले के मुकाबले सिक्योर कइले बा। जइसे SIM निकालने भा Find My Device के बंद कइला परs ऑथेंटिकेशन के आवश्यकता होई। बार-बार फेल होखला पs फोन ऑटोमैटिक लॉक हो जाई। Google प्राइवेसी पs जोर देत पहिले से पेश कइल गइल Private Space फीचर पs चरचा कइले बा। ई यूजर्स के आपन निजी जानकारी सुरक्षित रखे खातिर एगो अलग स्थान प्रदान करत बा।

Android 15 में Pixel डिवाइसन पs आउर बदलावो सामिल बा, जइसे कि कम रोशनी वाला इस्थिति में कैमरा एप में बेहतर नियंत्रण, थर्ड-पार्टी कैमरा एप्स में जादे सटीक नियंत्रण, Passkeys के इस्तेमाल कs के सिंगल-टैप लॉगिन आ Wi-Fi भा सेलुलर कनेक्शन के बिना थर्ड-पार्टी ऐप्स में सैटेलाइट कम्युनिकेशन के इस्तेमाल करे के क्षमता।

एह डिवाइस के मिली Android 15 के अपडेट

  • Google Pixel 9 सीरीज
  • Google Pixel Fold
  • Google Pixel 8 सीरीज
  • Google Pixel 7 सीरीज
  • Google Pixel 6 सीरीज
  • Google Pixel टैबलेट
988410cookie-checkAndroid 15: गूगल रिलीज कइलस एंड्रॉयड 15, एह फोन के मिली अपडेट, देखीं लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.