Andhra Pradesh Accident : आंध्र प्रदेश में भीषण दुर्घटना, लॉरी से टकराइल बस, 14 के मौत

Share

सेंट्रल डेस्क। आंध्र प्रदेश के मार्कपुरम जिला के रायवरम के लगे बियफे के भोर में एगो बड़ सड़क हादसा हो गइल। एह हादसा में स्लैब खदान के लगे एगो प्राइवेट ट्रैवल बस के टिपर लॉरी से जोरदार टक्कर हो गइल, जवना में करीब 14 लोगन के मौत हो गइल। कइयन लोगन के घायल होखे के खबर बा।

मार्कपुरम के डीएसपी हर्षवर्धन राजू बतवलें कि हादसा ओह समय भइल जब बस जगित्याला से कालिगिरी जात रहे। टक्कर होखतही बस में आग लाग गइल आ देखते-देखत पूरा बस जर के राख हो गइल।

कइयन गो यात्री जिंदा जरलें

डीएसपी राजू के मोताबिक, आशंका बा कि कइयन गो यात्री बस में फंस के जिंदा जरा गइल लोग। सुरुआती जांच में सामने आइल बा कि जोरदार टक्कर के चलते बस में आग लागल। पुलिस बतवलें कि घायल लोगन के नजदीकी अस्पताल में भरती करावल गइल बा। ओने, मरल लोगन के पहचान करे के कोसिस जारी बा।

मुख्यमंत्री नायडू जतवलें दुख

आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री एन. चंद्रबाबू नायडू एह दर्दनाक हादसा पs गहिराह दुख जतवले बाड़ें। ऊ घटना में जर के मरे वाला लोगन के प्रति संवेदना व्यक्त कइले बाड़ें आ घायलन के बेहतर इलाज देवे के निरदेस देलें बाड़ें। संगे-संगे ऊ पूरा घटना के जांच करे के आदेस देले बाड़ें।

पुलिस अधिकारी बतवलें कि हरिकृष्णा ट्रैवल्स के बस तेलंगाना के निर्मल से नेल्लोर जात रहे। सरकार अब हादसा के असली कारण के पता लगावे खातिर विस्तृत जांच सुरू कs देले बिया।

Read Also: 26 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-