अमृतसर: तीन हैंड ग्रेनेड अउर एक लाख के भारतीय करेंसी के साथ दू आतंकी भइलें गिरफ्तार, पठानकोट से आवत रहनें अमृतसर

Share

अमृतसर पुलिस आतंकी नेटवर्क के ध्वस्त करत दू आतंकियन के गिरफ्तार कइले बानें। पुलिस इनके कब्जा से तीन हैंड ग्रेनेड, एक लाख रुपया भारतीय करेंसी अउर एक कार बरामद कइले बानें। हालांकि मामिला के गंभीरता देखत पुलिस के आला अधिकारी कुछ भी बतावे के तैयार नाइ बानें। बहुत जल्दी डीजीपी गौरव यादव एह मामिला के ले के चंडीगढ़ में प्रेस कांफ्रेंस कs सकतने।

गिरफ्तार कइल गइल लोग के पहचान फिरोजपुर जिला के गांव बैरके के प्रकाश सिंह उर्फ मिंटू अउर फिरोजपुर के ही सदर थाना के गांव अलिके निवासी अंग्रेज सिंह उर्फ गेजा के रूप में बतावल जा रहल बा। पुलिस के सूचना रहल कि ई लोग कार में पठानकोट से अमृतसर के ओर आ रहल बा। पुलिस बियफ़े के सुबह मकबूलपुरा इलाके में नाकेबंदी कs के वाहन के चेकिंग शुरू कs देहलस।

एही दौरान पठानकोट के ओर से आ रहल एगो कार के रोक के ओकर तलाशी लीहल गइल त कार से तीन हैंड ग्रेनेड बरामद कइल गइल। एकरे अलावा पुलिस आरोपियन के कब्जा से एक लाख रुपया के भारतीय करेंसी भी बरामद कइलस। पुलिस के संदेह बा कि आरोपी उक्त ग्रेनेड जम्मू-कश्मीर के कौनो आतंकी संगठन से ले के आ रहल बा। पुलिस दूनों लोग के हिरासत में लेहले के बाद मामिला के जांच शुरू कs देहले बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-