अंबेडकरनगर। उत्तर प्रदेश के अंबेडकरनगर जिला में मंगर के दिने एगो दर्दनाक घटना सामने आइल। मधुमक्खी के झुंड के हमला में एगो श्रद्धालु के मौत हो गइल, जबकि कइयन गो लोग घायल हो गइलें। घायल लोग के जल्दी-जल्दी सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाके इलाज सुरू करावल गइल।
बतावल जा रहल बा कि ई सब लोग औघड़ बाबा के मेला देखे आ दर्शन करे खातिर आइल रहे। घटना जलालपुर थाना क्षेत्र के नर्सरी बाजार इस्थित औघड़ बाबा स्थान के बा, जहां हर मंगर के मेला लागेला आ दूर-दूर से श्रद्धालु दर्शन करे खातिर आवेला लोग।
जानकारी के मोताबिक, मंदिर परिसर में एगो पेड़ पs मधुमक्खी के बड़ छत्ता लागल रहे। अचानक ओह छत्ता से मधुमक्खी के झुंड निकल पड़ल आ मंदिर परिसर में मवजूद लोग पs हमला कs देलस। अचानक हमला होखला से मेला में अफरा-तफरी मच गइल आ लोग जान बचावे खातिर एने-ओने भागे लागल।
एह घटना में जैतपुर के राजापुर कुठमा गांव के निवासी संतराम (55) सहित कइयन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घायलन के तुरंत बसखारी सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गइल। अस्पताल में डॉक्टर लोग जांच कइला के बाद संतराम के मृत घोषित कs देलस।
मृतक के पत्नी यशोदा देवी बतवली कि ऊ लोग बाबा के दर्शन करे गइल रहे, ओही दौरान मधुमक्खी हमला कs देलस। संतराम के अस्पताल ले जाये के कोसिस कइल गइल, बाकिर रास्ता में उनकर मौत हो गइल।
घटना के जानकारी मिलतही पुलिस मवका पs पहुंच गइल। जलालपुर थाना के एसओ सुनील पांडेय बतवलें कि मृतक के शव पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा। बाकी घायल लोग के इलाज चल रहल बा आ ममिला के जांच कइल जा रहल बा।







