Amarnath Yatra 2024: बाबा बर्फानी के दर्शन खातिर 11वां जत्था रवाना, अब तक दु लाख से बेसी श्रद्धालु टेक चुकल बाड़े माथा

Share

Amarnath Yatra 2024: अमरनाथ यात्रा 2024 श्री अमरनाथ धाम के दर्शन खातिर सोमार के सबेरे 3 बजे 218 वाहन में भक्त लोग के एगो अउरी समूह रवाना हो गइल। अब तक 29 जून से शुरू भइल अमरनाथ यात्रा के दौरान बाबा बरफानी के पवित्र गुफा में दु लाख से जादे श्रद्धालु नमन कइले बाड़े। यात्रा के दौरान सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा।

सुरक्षा के कड़ा इंतजाम के बीच सोमार के दिने जम्मू से 5800 से अधिका तीर्थयात्री दक्षिण कश्मीर हिमालय में 3880 मीटर ऊँच अमरनाथ गुफा तीर्थ के दू गो बेस कैंप खातिर रवाना भाइलें। 29 जून से शुरू भइल अमरनाथ यात्रा 19 अगस्त के खतम हो जाई। मिलल जानकारी के मोताबिक गुफा में नमन करेवाला तीर्थयात्री के संख्या दु लाख से जादे हो गइल बा।

 11वां ग्रुप बाबा बरफानी के दर्शन खातिर रवाना

अधिकारी के मोताबिक, पांच हजार से जादे तीर्थयात्री के 11वां बैच सीआरपीएफ के जवान के एस्कॉर्ट में 218 गाड़ी से सुबेरे 3 बजे बालताल अवुरी पालगाम के बेस कैंप खाती रवाना भइल।

उऽ कहले कि 3,941 तीर्थयात्री अपना यात्रा खाती 48 किलोमीटर लंबा पारंपरिक पहलगाम मार्ग चुनले जबकि बाकी लोग छोटका 14 किलोमीटर लंबा बालताल मार्ग चुनले।

 अमरनाथ यात्रा 52 दिन तक जारी रही

एकरा संगे 28 जून के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा के ओर से पहिला बैच के झंडा देखावे के बाद से कुल 62,265 तीर्थयात्री जम्मू बेस कैंप से घाटी खातिर रवाना हो गइल बाड़े। 52 दिन के यात्रा कश्मीर के दु बेस कैंप से 29 जून से औपचारिक रूप से शुरू भइल। ई 19 अगस्त के खतम हो जाई। पिछला साल एह गुफा मंदिर में साढ़े चार लाख से अधिका तीर्थयात्री नमन कइले रहलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-