अल्मोड़ा। उत्तराखंड के अल्मोड़ा जिला से मंगर के सबेरे एगो बहुते दर्दनाक सड़क हादसा के खबर सामने आइल बा। रामनगर जा रहल कुमाऊं मोटर ऑनर्स यूनियन (केएमओयू) लिमिटेड के यात्री बस अनियंत्रित हो के गहिराह खाई में गिर गइल। एह भीषण हादसा में अभी तक 7 यात्रियन के मौत के पुष्टि हो चुकल बा, जबकि 12 से जादे यात्री घायल बतावल जा रहल बा लोग। हादसा के खबर मिलतही पूरा इलाका में हड़कंप मच गइल।
कइसे भइल अल्मोड़ा बस हादसा
मिलल जानकारी के अनुसार, बस संख्या UK 07 PA 4025 मंगर के सबेरे करीब 6 बजे द्वाराहाट के नौबाड़ा से रामनगर खातिर निकलल रहे। सबेरे करीब 8 बजे विनायक इलाका के सैलापानी बैंड के लगे तीखा मोड़ पs बस चालक के काबू से बाहर हो गइल आ सीधे गहिराह खाई में जा गिरल। हादसा एतना भयानक रहे कि 6 यात्रियन के मौके पs जान चल गइल, जबकि एगो घायल अस्पताल में इलाज के दौरान दम तुड़ दिहलस।
राहत-बचाव अभियान जारी
हादसा के सूचना मिलतही पुलिस, प्रशासन, आपदा प्रबंधन आ स्वास्थ्य विभाग के टीम मौका पs पहुंच गइल। खाई बहुत गहिराह होखला के चलते राहत-बचाव काम में बहुते दिक्कत आइल, बाकिर स्थानीय गांव वालन के मदद से युद्धस्तर पs रेस्क्यू अभियान चलावल गइल। अब तक जादेतर शव खाई से बाहर निकाल लिहल गइल बा। मृतकन के पहचान आ पता के पुष्टि के काम जारी बा।
घायलन के इलाज सीएचसी भिकियासैंण में
हादसा में घायल यात्रियन के प्राथमिक इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएचसी) भिकियासैंण में भरती करावल गइल बा। गंभीर रूप से घायल यात्रियन के बेहतर इलाज खातिर एयरलिफ्ट कs के ऋषिकेश के एम्स भेजे के तइयारी चल रहल बा। प्रशासन मृतकन के परिवार के सूचना देवे के प्रक्रिया सुरू कs दिहलस।
दु महीना पहिले किनल गइल रहे बस
केएमओयू बस के मालिक मोहम्मद अल्ताफ बतवलें कि ई बस ऊ दु महीना पहिलही किनले रहस। बस के मॉडल 2019 के हवे आ सब जरूरी कागजात पूरा बा। बस चालक के नाम नवीन चंद्र आ परिचालक के नाम प्रकाश नैनवाल बतावल गइल बा। राहत के बात ई बा कि चालक आ परिचालक दुनो सुरक्षित बा लोग। प्रशासन हादसा पs दुख जतावत जांच के आदेस दे देलस।
विधायको लोग मौका पs पहुंचल
रानीखेत विधायक प्रमोद नैनवाल बतवलें कि बस हादसा में गंभीर रूप से घायल यात्रियन के बेहतर इलाज खातिर एयरलिफ्ट कs के एम्स ऋषिकेश भेजल जाई। एकरा बारे में स्वास्थ्य मंत्री धन सिंह रावत से बात हो चुकल बा। उहां सल्ट विधायक महेश जीना मौका पs पहुंच के घायलन के हालचाल जनलें।







