Amit Shah Slams Mamata Banerjee : ‘डर आ भ्रष्टाचार पश्चिम बंगाल के पहचान बन गइल बा’, ममता बनर्जी पs भड़कलें अमित शाह

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 30, 2025

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल में कुछ महीना बाद होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह मंगर के दिने प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें। ऊ तीन दिवसीय कोलकाता दौरा पs बाड़ें। दौरा के दुसरका

Share

Union Home Minister Amit Shah addressing a press conference ahead of the West Bengal Assembly elections.

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल में कुछ महीना बाद होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह मंगर के दिने प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें। ऊ तीन दिवसीय कोलकाता दौरा पs बाड़ें। दौरा के दुसरका दिन अमित शाह ममता बनर्जी सरकार पs जोरदार हमला बोललें आ बंगाल के जनता से भाजपा खातिर बहुमत के अपील कइलें।

अमित शाह कहलें कि अप्रिल में पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव होखे जा रहल बा। उनका मोताबिक, अब बंगाल के जनता डर, भ्रष्टाचार, कुशासन आ घुसपैठ से मुक्ति चाहत बिया आ विकास, विरासत आ गरीब कल्याण वाली मजबूत सरकार बनावे के संकल्प ले चुकल बिया। अमित शाह कहलें, “आज 30 दिसंबर के दिन हमनी सब भारतीयन खातिर गरब के दिन बा।”

‘टीएमसी के 15 साल के शासन से लोग डेराइल बा’

अमित शाह कहलें कि आजे के दिन 1943 में नेताजी सुभाष चंद्र बोस पोर्ट ब्लेयर में आजाद भारत के झंडा फहरवले रहस। ई दिन आजादी के लड़ाई में एगो ऐतिहासिक मोड़ रहे। ऊ कहलें कि 30 दिसंबर से लेके अप्रिल तक के समय बंगाल खातिर बहुत अहम बा।

अमित शाह के आरोप बा कि टीएमसी के 15 साल के शासन में बंगाल में भय, भ्रष्टाचार, कुशासन आ खास कs के घुसपैठ बहुत बढ़ गइल बा, जवना से जनता डेराइल आ परेसान बिया।

‘भाजपा सरकार बनते बदलेगा बंगाल’

केंद्रीय गृह मंत्री कहलें कि भाजपा बंगाल के जनता के भरोसा दे रहल बिया कि नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में जइसही बंगाल में भाजपा सरकार बनी, बंगाल के विरासत के फेर से जीवित कइल जाई। विकास के रफ्तार तेज होई आ गरीब कल्याण के सबसे जादे प्राथमिकता दिहल जाई।

अमित शाह कहलें, “पिछिला 14 साल से डर आ भ्रष्टाचार बंगाल के पहचान बन गइल बा। 15 अप्रिल 2026 के बाद जब बंगाल में भाजपा सरकार बनी, तब बंग गौरव, बंग संस्कृति आ पुनर्जागरण के सुरुआत होई।”

ऊ कहलें कि विवेकानंद जी, बंकिम चंद्र, गुरुदेव रवींद्रनाथ टैगोर आ श्यामा प्रसाद मुखर्जी के सपना वाला बंगाल बनावे के कोसिस कइल जाई।

भाजपा के बढ़त गिनवलें अमित शाह

अमित शाह आंकड़ा गिनावत कहले कि

2014 के लोकसभा चुनाव में भाजपा के 17% वोट आ 2 सीट मिलल

2016 विधानसभा में 10% वोट आ 3 सीट

2019 लोकसभा में 41% वोट आ 18 सीट

2021 विधानसभा में 38% वोट आ 77 सीट

ऊ कहलें कि जवना पार्टी के कबो 3 सीट मिलल रहे, ऊ आज 77 सीट तक पहुंच गइल।

‘कांग्रेस आ कम्युनिस्टजीरो पs  पहुंच गइल’

अमित शाह कहलें कि बंगाल से सुरू भइल कांग्रेस पार्टी आज जीरो पs पहुंच गइल आ 34 साल राज करे वाला कम्युनिस्ट गठबंधन के एकहू सीट ना मिलल। 2024 के लोकसभा चुनाव में भाजपा 39% वोट आ 12 सीट जीतलस। उनकर दावा बा कि 2026 में भाजपा प्रचंड बहुमत से बंगाल में सरकार बनाई।

Read Also: Almora Road Accident : रामनगर जा रहल केएमओयू बस खाई में गिरल, 7 यात्रिन के मौत; 12 से जादे घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.