Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: चार कफ सिरप के लेके अलर्ट जारी, पूर्वांचल से लेके नेपाल आ बिहार तक होला सप्लाई

पूर्वांचल के सबसे बड़ दवाइयन के थोक मंडी भालोटिया मार्केट हs। इहां से दवा के सप्लाई पूर्वांचल से लेके नेपाल आ बिहार तक में होला। मार्केट में दवा लखनऊ से लेके हिमाचल प्रदेश, हरियाणा, पंजाब से आवत बा। एह वजह से इहां अलर्ट जारी कइल गइल बा।

394

हरियाणा के कंपनी मेडेन फार्मास्यूटिकल लिमिटेड के ओर से बनावल गइल चार कफ सिरप के लेके अलर्ट जारी कइल गइल बा। एफएसडीए के उप आयुक्त एके जैन ने सब ड्रग इंस्पेक्टरन के एह कफ सिरप के निरंतर निगरानी के निरदेस दिहल गइल बा। सिरप मिलला पs चारों के सैंपल लेके जांच खातिर भेजल जाई।

पूर्वांचल के सबसे बड़ दवा के थोक मंडी भालोटिया मार्केट हs। इहां से दवाइयन के सप्लाई पूर्वांचल से लेके नेपाल आ बिहार तक में होला। मार्केट में दवा लखनऊ से लेके हिमाचल प्रदेश, हरियाणा, पंजाब से आवत बा। अइसन में ई अंदेशा बा कि भालोटिया मार्केट में मेडेन फार्मास्यूटिकल लिमिटेड के ओर से बनावल गइल कप सिरप आइल होई।

अइसन में भालोटिया मार्केट में विशेष निगरानी रखत एह कंपनी के काम करे वाला दवा व्यापारियन से जानकारी लिहल जा रहल बा। आदेस बा कि अलग-अलग बैच में जदि दवाई आइल तs सब बैच के सैंपल लेके जांच खातिर भेजल जाई, जवना से कि दवाइयन के आपूर्ति जल्द से जल्द रोकल जाई।

ड्रग इंस्पेक्टर जय सिंह बतवलें कि जांच के निरदेस मिलल बा। पता कइल जा रहल बा कि एह दवाइयन के काम भालोटिया मार्केट में के-के करत बा, जवना से कइल गइल दवाइयन के सैंपल लेके जांच खातिर भेजल जा सकी।

बता दीं कि गांबिया के बाद उज्जबेकिस्तान भारत में निर्मित कफ सिरप पs संदेह जतवले बा। ई कफ सिरप गाजियाबाद में बनल रहे। एह कफ सिरप में प्रोमेथाजिन ओरल सॉल्यूशन, कोफेक्समालिन बेबी कफ सिरप, मकॉफ बेबी कफ सिरप आ मैग्रीप एन कोल्ड सिरप सामिल बा। ई सिरप पेट दर्द होखला, मानसिक स्थिति खराब होखला, किडनी के समस्या होखला पs दिहल जात बा। दवा विक्रेता समिति के महामंत्री आलोक चौरसिया दवा विक्रेता से अपील कइले बाड़े कि जदि ई सिरप आइल तs एकर जानकारी विभाग के जरूर दीं।

दवा व्यापारी प्रियांशु के गतिविधियन से रहे लोग अंजान

कानपुर में नकली दवा बनाके बेचला के आरोप में पकड़ल गइल प्रियांशु चौहान के गतिविधियन से इहां के दवा व्यापारी अंजान रहे लोग। हालांकि गैंगस्टर के कार्रवाई के बाद चरचा में आइल प्रियांशु कुछ दवा व्यापारियन से संपर्क करे के कोसिस जरूर कइले रहे, बाकिर ऊ अभी दवा के सप्लाई ना कर पाइल रहे।

बतावल जा रहल बा कि ऊ धीरे-धीरे जिला में नेटवर्क बनावे में जुटल रहे, बाकिर चार महीना पहिले पकड़ल गइल फेंसिडिल सिरप के वजह से ऊ आपन हाथ पीछे खींच लेलस। जदि फेंसिडिल कफ सिरप पकड़ल ना गइल होत तs ऊ अपना दवा के अब तक जिला में बेचल सुरू कs देत रहे।

इहो बतावल जा रहल बा कि सिरप पकड़ल गइला के बाद ऊ दवाई ना भेजलस। हालांकि पहिले ऊ, एकरा खातिर अपना सगा भाइयन के तइयार कs लेले रहे। एह काम के सिलसिला में ऊ कुछ दवा व्यापारियन से मुलाकातो कइले रहे।

बता दीं कि कानपुर के रतनलाल नगर में अपना पत्नी आ भाइयन के संगे मिलके प्रियांशु नकली दवा बनाके बेचला के काम करत रहे। एह ममिला में कानपुर पुलिस प्रियांशु सहित आठ लोगन के पकड़के ओह लोगन के खिलाफ गैंगस्टर के कार्रवाई कइले रहे। प्रियांशु, गोरखपुर के कृष्णानगर में रहेला।

साभार: अमर उजाला

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.