[the_ad_group id="30365"]

छपरा में पारा गिरके 8 डिग्री पहुंचक: चउथा दिने शीत लहर जारी, बुजुर्ग आ लईकन खातिर मौसम खतरनाक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में ठंडा के सितम लगातार जारी बा। चउथको दिन शीतलहर आ ठंडा के प्रकोप देखे के मिलल। ठंडा आ शीतलहर के चलते आम लोगन के जनजीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा। होत भीनसहरा से लेके देर सांझ तक ठंड के कहर लगातार जारी बा। हिमालय से चके वाला बर्फ़ीली हवा लगातार कहर ढा रहल बा। शहर से लेके देहात तक शीतलहर के चपेट में बा। बढ़त ठंड के बीच लगातार पारा गिरत जा रहल बा। 

मंगर के तुलना में बुध के जादे ठंडा रहल। चार डिग्री पारा गिरके 8 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल बा। बुध के अधिकतम 18 डिग्री सेल्सियस आ न्यूनतम 8 डिग्री सेल्सियस तापमान रहे के अनुमान जतावल जा रहल बा। 4 किलोमीटर प्रतिघंटा के रफ्तार से हवा चल रहल बा।

शीतलहर के बीच बढ़त ठंडा के लेके ऊनी कपड़न के बिक्री में तेजी आ गइल बा। शहर से लेके देहात तक कपड़न के दुकान पs भीड़ देखे के मिल रहल बा। स्वेटर,शॉल, ऊनी चादर,टोपी, इनर सहित गरम कपड़न के मांग बढ़ गइल बा। मौसम विभाग द्वारा अगिला तीन दिन तक कड़ाका के ठंड पड़ला के आसार जतावल जा रहल बा। जवना के बाद धीरे धीरे पारा बढ़ल सुरू होई। बाकिर 10 दिन तक ठंडा रहला के आसार जतावल जा रहल बा।

शीत लहर मौसम के बीच कोल्ड वेभ के चलते बुजुर्ग आ लईकन खातिर बेहद खतरनाक मानल जा रहल बा। बर्फीली हवा बुजुर्गन खातिर शामत बनके आवेला जवना के लेकर बहुत सावधानियन के बरते के पड़त बा। ब्लड प्रेशर, हार्ट आ निमोनिया के मरीज के विशेष सावधानी के जरूरत होला। सबेरे आ साँझ के बुजुर्ग आ लईकन के बहुते बचाव कइला के जरूरत होला । शीत लहर के बीच लईकन के निमोनिया के खतरा जादे रहेला। बढ़त ठंडा से लईकन आ बुजुर्ग के जादे बचावे के जरूरत होला।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]