विधायकन के संगे सड़क पर धरना पर बइठलें अखिलेश यादव, विधानसभा सत्र शुरू

Share

सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव पार्टी विधायकन अउरी कार्यकर्ता लोगन के संगे सपा कार्यालय से विधानभवन ओर पैदल मार्च कs रहल बानें। मार्च के दौरान रूट बदलले के ले के सपाई लोग नाराजगी जतावल। पहिले से तयशुदा रूट पर जाए के मांग कs रहल बानें। अखिलेश यादव कहलें कि अगर रोके के रहल त काल्ह परमिशन काहें दिहल गइल? प्रशासन के कहनाम बा कि जीपीओ के बजाय वीवीआइपी गेस्ट हाउस अउर एनेक्सी होत विधानसभा जाई। एह पर अखिलेश यादव अउरी सपा विधायक सड़क पर ही धरना पर बइठ गइलें। विधायक अउरी कार्यकर्ता हाथ में नारा के तख्ती लेहले बानें।

सपा बढ़त महंगाई, किसान के समस्या अउर कानून व्यवस्था के मुद्दा पर राज्य सरकार के विरोध में एह पदयात्रा के आयोजन कइल जाई। पदयात्रा के ले के विक्रमादित्य मार्ग के छावनी बना दिहल गइल बा। वीवीआईपी चौराहा से ले के सपा कार्यालय ले बैरिकेडिंग कs भारी संख्या में फोर्स लगा दीहल गइल बा। एह रास्ता पर आम लोग के आवागमन बंद कs दिहल गइल बा।

ओन्ने, विधानसभा सत्र के शुरुआत हो गइल। एकरे पहिले मीडिया के संबोधित करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि हम सब मुद्ददा पर चर्चा खातिर तैयार बानी। जनता के एह सत्र से बड़ उम्मीद बा। सत्र के पहिले दिन सब सदस्य पूर्व विधायक अरविंद गिरी के निधन पर शोक व्यक्त कइलें। सपा धरना स्थल पर ही शोक व्यक्त कइलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-