Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अजब-गजब: अंडा खातिर फोडलस कपार

ई खबर सचहूँ चौंकावे वाला बा। ई खबर सबके हैरान कs देले बा। अब हमनी के पूरा कहानी विस्तार से बतावत बानी जा। असल में इ मामिला मध्य प्रदेश के बा। देश के दिल से ईs खबर सबके हँसे पs मजबूर कs देले बा।

576
Google Ads 300*250 for posts

अगर रउवा भी मुफ्त में खाना खाए के शौकीन बानी तs इ खबर रउवा खातिर बा। ई खबर पढ़ला के बाद रउआ पूरा तरह से चौंक जाईब।असल में एगो आदमी अपना दोस्त के अपना घरे खाना खातिर बोलवले रहे।खाना परोसल गइल। अंडा खियावला के बाद उs आदमी अपना दोस्त से पईसा मंगलस अवुरी ना मिलल तs ओकर माथा फोड़ दिहलस।ई खबर सचहूँ चौंकावे वाला बा। ई खबर सबके हैरान कs देले बा।अब हमनी के पूरा कहानी विस्तार से बतावत बानी जा। असल में इs मामिला मध्य प्रदेश के बा। देश के दिल से ईs खबर सबके हँसे पs मजबूर कs देले बा। मिलल जानकारी के मुताबिक रामनगर थाना क्षेत्र के खैरहनी गांव में अंडा के लेके भईल विवाद में लाठी चल गईल। ए दौरान एगो युवक के कपार फूट हो गईल, जवना के इलाज खातीर रामनगर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

असल में खैरहानी गांव के रहे वाला बबलू शिवलाल नाम के आदमी के अंडा खाए के नेवता देले रहले। शिवलाल जब घर में अंडा खाए गइलन तs ओकरा के खियावल गइल। शिवलाल जब खाना खा के घरे लवटे लगले तs बबलू उनुका से पईसा मांगे लगले।हालांकि शिवलाल बतवले कि भोज में पईसा कईसे खर्चा होखेला। एही पर बबलू आ ओकर माई ओकरा माथा पs लाठी से मार दिहलस। शिवलाल अगिला दिने पईसा देवे के बात जरूर कईले रहले। ए मामिला में पीड़िता अपना परिवार के लोग के मदद से रामनगर थाना में घटना के रिपोर्ट दर्ज करवले बा। पुलिस आरोपी के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बिया।

अगर हमनी के एकरा के देखल जाव तs इ मामिला काफी गंभीर बा। पुलिस ए मामिला के जांच करतिया। सोशल मीडिया पs भी ई खबर शेयर कइल गइल बा। हालांकि पार्टी में जाए से पहिले इ जरूर जान लीं कि इ मुफ्त बा कि पईसा से।

 

 

 

686200cookie-checkअजब-गजब: अंडा खातिर फोडलस कपार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.