टेक्नोलॉजी डेस्क। एयरटेल भारत में अपना करोड़न प्रीपेड यूजर्स के Apple Music के सब्सक्रिप्शन फ्री में दे रहल बा। दरअसल फरवरी में कंपनी Apple के संगे एगो साझेदारी के घोषणा कइले रहे, जवना के तहत Apple TV+ आ कंपनी के म्यूजिक स्ट्रीमिंग सर्विस के फ्री एक्सेस एयरटेल के वाई-फाई आ पोस्टपेड यूजर्स खातिर सुरू कइल गइल रहे। अब कंपनी एयरटेल के प्रीपेड प्लान्स पs एह ऑफर के लागू कs दिहल गइल बा। माने अब रउआ Airtel Thanks ऐप के माध्यम से एह ऑफर के लाभ ले सकत बानी। चलीं एकरा बारे में विस्तार से जानल जाव…
नइखे देवे के एगो पईसा
अभी ले कइयन गो एयरटेल प्रीपेड यूजर्स ई कन्फर्म किया है कि ओह लोगन के Airtel Thanks ऐप पs Apple Music बिना कवनो एक्स्ट्रा कॉस्ट के प्राप्त करे वाला बैनर दिखाई देले बा। जहां से रउआ छव महीना खातिर Apple Music के सब्सक्रिप्शन फ्री में ले सकत बानी।
हालांकि, एक बेर ऑफर खत्म होखला के बाद जदि एयरटेल प्रीपेड यूजर म्यूजिक स्ट्रीमिंग सर्विस के इस्तेमाल जारी रखल चाहत बरा लो, तs ओह लोगन के मंथली प्लान खातिर पईसा देवे के होई। एह ऑफर के लाभ उठावे खातिर एयरटेल यूजर्स के पहिले चुनिंदा प्लान्स के संगे रिचार्ज करे के होई आ एकरा बाद अपना Apple अकाउंट के लिंक कs के Airtel Thanks ऐप से एकरा के रिडीम करे के होई।
Apple Music के प्लान के केतना बा कीमत?
बता दीं कि भारत में Apple Music के इंडिविजुअल प्लान के प्राइस 119 रुपिया पर-मंथ बा। जबकि फैमिली प्लान के प्राइस 179 रुपिया पर-मंथ बा बाकिर Apple के स्टूडेंट प्लान भारत में Apple Music स्ट्रीमिंग के सबसे किफायती तरीका हs, जवना के कीमत मात्र 59 रुपिया बा।
हालांकि, एह प्लान के लेवे खातिर रउआ लगे वैध स्टूडेंट आईडी कार्ड होखल बहुते जरूरी बा। बता दीं कि फ्री एप्पल म्यूजिक वाला ई ऑफर पहिले खाली एयरटेल के होम वाई-फाई आ पोस्टपेड ग्राहकन खातिर रहे। जवना के घोषणा कंपनी एह साल के सुरुआत में Apple TV+ के कॉम्प्लिमेंट्री सब्सक्रिप्शन के संगे कइले रहे।
Read Also : Bhai Dooj 2025 : एह साल कब बा भाई दूज, जानीं तिथि आ तिलक करे के सुभ मुहूर्त