हवा में जहर : वायु प्रदूषण से मौतन में ढाई गुना बढंती

Khabar Bhojpuri Desk

WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]
SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (22335) AND type = 4

भारत में हवा में जहर कइसे फइलs ता एकर टटका उदहारन सेंटर फॉर साइंस एंड एन्वायरमेंट (CSE) के नयका रिपोर्ट से पता चलत बा| एह रिपोर्ट में ई देखावल गइल बा कि दुनिया में प्रदुषण के कारने 66.7 लाख लोग काल के मूंह में समा गइनें| जौना में से 16.7 लाख मउत खाली भारते में भइल बा| भारत सरकार के पर्यावरण मंतरी भूपेन्द्र यादव जारी कइलें| एह रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि साल 2019 से वायू प्रदूषण से हर चार मौत में से एगो मौत भारत में भइल बा| तमाम वायू प्रदूषण के खिलाफ आवाज उठावे आली आ ओपे काम करे आली संस्था जइसे ग्रीनपीस इंडिया, केयर इंडिया, wwf लगातार एह रिपोर्टन पs आपन चिंता जता रहल बा| 2019 में वायू प्रदूषण के जोखिम से जुडल आदमी के स्वास्थ्य पs प्रभाव से पूरा विश्व भर में 4 लाख 76 हजार बचवन के मउत भइल बा| एह बचवन के औसत उमिर एक महीना तक के रहे| ग्रीनपीस इंडिया ‘क्लीन द एयर’ अभियान चलवले बा जौना में ऊ लोग सरकार से ई मांग कइले बा कि भारत भर में जेतना कोल बेस थर्मल पावर प्लांट बा ओकरा के बन्न क देहल जाव| काहेंसे pm2.5 सबसे ढेर कोल बेस्ड पावर प्लांट से निकलेला|

भारत में कुल 10.67 लाख मौतें
ग्रीन थिंक-टैंक सेंटर फॉर साइंस एंड एनवायरनमेंट (सीएसई)  के “भारत की पर्यावरण रिपोर्ट” से पता चलल ह कि दुनिया में वायु प्रदूषण के कारन 60 लाख से बेसी लोग मारल गइल। एमें से 10.67 लाख मौत भारत में भइल। चीन में वायु प्रदूषण के कारन 10.85 लाख लोग मर गइल। रिपोर्ट में कहल गइल कि 2019 में वायु प्रदूषण के जोखिम से जुड़ल स्वास्थ्य प्रभाव से जिनगी के पहिलही महीना में जवन वैश्विक स्तर पर 4,76,000 की मउत भइल ओमें से 1,16,000 मउत भारत में भइल। खराब वायु गुनवत्ता 2019 में दुनिया भर में जल्दी मउत के चौथा मेन भेयावह कारक रहल, जौन बस उच्च रक्तचाप, तंबाकू से अउर खराब खानपान से आगे निकल गइल।

Share This Article