Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वायु सेना के सूर्यकिरण विमान बिहान भुवनेश्वर में देखइहें करतब, जानीं एयर शो के बारे में सब कुछ

262
भारतीय वायु सेना के सूर्यकिरण विमानन के एरोबैटिक टीम शुक्क के ओडिशा के राजधानी भुवनेश्वर में हैरतअंगेज करतब देखाई।
ई एयर शो कुआखाई नदी तट पर बालीजात्रा मैदान पs होई। ई शो शुक्क के बिहाने 10 बजे शुरू होई आ करीब 20 मिनट ले चली। वायु सेना के सूत्रन के के अनुसार एह एयर शो में कम से कम नौ विमान शामिल होइहें। ई आपन उड़ान के दौरान कई तरह के आकृति देखइहें।

 

शो में ओडिशा के राज्यपाल गणेशीलाल अउरी मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के भी शामिल होखले के भी संभावना बा। पुलिस एयर शो खातिर जबर्दस्त तैयारी कइले बा। शो खातिर सूर्यकिरण के एरोबैटिक टीम भुवनेश्वर पहुंच चुकल बा। एही तरह के एयर शो पुरी स्थित राजभवन पर भी 18 सितंबर के कइल जाई।

 

330950cookie-checkवायु सेना के सूर्यकिरण विमान बिहान भुवनेश्वर में देखइहें करतब, जानीं एयर शो के बारे में सब कुछ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.