सेंट्रल डेस्क। अमेरिका के न्यूयॉर्क शहर के ला गार्डिया एयरपोर्ट पs सोमार के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। मॉन्ट्रियल से आवत एयर कनाडा एक्सप्रेस के यात्री विमान लैंडिंग के दौरान रनवे पs खड़ा एगो ग्राउंड ऑपरेशन व्हीकल से टकरा गइल। एह टक्कर के बाद एयरपोर्ट पs अफरा-तफरी मच गइल आ कुछ समय खातिर उड़ान संचालन रोक दिहल गइल।
लैंडिंग के समय भइल हादसा
फ्लाइट ट्रैकिंग डेटा के मोताबिक, सोमार के भोर में विमान लैंड करे के कोसिस करत रहे, तबे अचानक ई हादसा हो गइल। हालांकि अभी तक कवनो यात्री भा स्टाफ के घायल होखे के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।
पूरा एयरपोर्ट भइल ठप
हादसा के तुरंत बाद अमेरिकी फेडरल एविएशन एडमिनिस्ट्रेशन (FAA) ला गार्डिया एयरपोर्ट पs ‘ग्राउंड स्टॉप’ लागू कइलस। मतलब कि ना कवनो विमान उतर सकल आ ना उड़ सकल। प्रशासन बतवलस कि आपातकालीन इस्थिति के चलते एयरपोर्ट के कुछ घंटा खातिर बंद रखल जा सकेला।
यात्रियन लोग के बढ़ल दिक्कत
ला गार्डिया न्यूयॉर्क के सबसे व्यस्त एयरपोर्ट में से एगो बा। एह घटना के बाद हजारन यात्री फंस सकेला लोग। कइयन गो फ्लाइट के रूट बदलल गइल बा, जवना से एयर ट्रैफिक पs असर पड़ल बा।
जांच जारी
फिलहाल एयर कनाडा आ न्यूयॉर्क फायर डिपार्टमेंट कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे कइले। जांच टीम घटना स्थल पs मवजूद बिया आ ई पता लगावे में जुटल बिया कि आखिर ई हादसा कइसे भइल।
Read Also: Hormuz : युद्ध के कीमत वसूले के तइयारी में ईरान, जहाजन पs लगाई भारी फीस









